Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Tunisia vs Australia: ऑस्ट्रेलिया 12 साल बाद फीफा वर्ल्ड कप में जीतलस मैच, ट्यूनीशिया के 1-0 से देलस पटखनी

852

Australia vs Tunisia FIFA World Cup 2022: फीफा वर्ल्ड कप 2022 में दर्शकन के रोजे रोमांचक मुकाबला के देखे के मिल रहल बा। माइकल ड्यूक के पहिला हाफ के गोल से ऑस्ट्रेलिया ट्यूनीशिया के फीफा विश्व कप के ग्रुप डी मैच में सनीचर के 1-0 से हराके पूरा 3 अंक हासिल कइलस।

ऑस्ट्रेलिया टीम 12 साल बाद फीफा वर्ल्ड कप में मैच जीतल बिया। एकरा पहिले ऑस्ट्रेलियाई टीम साल 2010 में सर्बिया टीम के हरवले रहे। पिछला मैच में फ्रांस ऑस्ट्रेलिया के 1-4 से हरवले रहे। एह जीत के बाद ऑस्ट्रेलियाई टीम क्वार्टर फाइनल में जाये के दावेदार बन गइल बिया।

ई प्लेयर कइलें गोल 

अल जानौब स्टेडियम में खेलल गइल एह मुकाबला में मैच के एकमात्र गोल ऑस्ट्रेलिया के माइकल ड्यूक 23वां मिनट में कइलें आ क्वार्टर फाइनल में जाये के उम्मीदन के जिंदा रखलें। कोच ग्राहम आर्नोल्ड के टीम अपना पहिला मैच में गत चैंपियन फ्रांस से 1-4 से हार गइल रहे। दूसका ओरि ट्यूनीशिया के पहिला मुकाबला डेनमार्क से गोलरहित ड्रा रहल रहे। ऑस्ट्रेलिया तीन अंकन के संगे ग्रुप में दूसरा नंबर पs आ गइल बा। ऑस्ट्रेलिया के आखिरी ग्रुप मुकाबला डेनमार्क से होई जबकि ट्यूनीशिया के भिड़ंत फ्रांस से होई।

ऑस्ट्रेलिया बनवलस दबदबा 

ऑस्ट्रेलियाई टीम सुरुआते से मैच पs पकड़ बनवले रखलस आ ऑस्ट्रेलियाई टीम ज्यादातर समय गेना के अपना लगे रखलस आ लगातार गोल करे खातिर प्रयास करते रहे, जेमे एगो प्रयास सफल रहल। ओहिजा, ट्यूनीशिया के खिलाड़ी थकल नजर आइल लो आ ओकर डिफेंसो बहुते कमजोर रहल।

दुनो टीमन के स्टार्टिंग इलेवन:

ऑस्ट्रेलिया: मैथ्यू रयान (कप्तान, गोलकीपर), काई रोल्स, फ्रैन करासिक, अजीज बेहिच, हैरी सौतार, आरोन मोय, रिले मैकग्री, जैक्सन इरविन, मैथ्यू लेकी, क्रेग गुडविन, मिशेल ड्यूक।

ट्यूनिशिया: आयमन डाहमेन (गोलकीपर), मोंटसार तल्बी, डायलन ब्रॉन, यासीन मेरिया, मोहम्मद ड्रैगर, अली आब्दी, आइसा लैडौनी, एलीस स्कीरी, नईम स्लिटी, इस्साम जबाली, यूसुफ मसकनी (कप्तान)।

393270cookie-checkTunisia vs Australia: ऑस्ट्रेलिया 12 साल बाद फीफा वर्ल्ड कप में जीतलस मैच, ट्यूनीशिया के 1-0 से देलस पटखनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.