Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बोलले फारुख अब्दुल्ला, कश्मीरी पंडितन के हालत खातिर दिल्ली सरकार बा जिम्मेदार,

बोलनें - अगर हम गुनहगार साबित हो गइनी त कहीं दे देहल जाए फाँसी

173

फारूक अब्दुल्ला ने कश्मीर पंडितों के निर्वासन को साजिश करार दिया बा। उन्होंने कहा कि एहखातिर एक जांच आयोग बैठाया जाना चाहीं जिससे पता चल सके कि एहके पीछे के के रहल।

फिल्म कश्मीर फाइल्स अपने रिलीज से पहिलही से विवाद में रहल अउर रिलीज भइले के बादो तमाम कारण से चर्चा में बनल बा। एह फिल्म के लेके चल रहल विवाद पs रोजाना कौनो न कौनो नेता के बयान आ रहल बा। अब एके लेके ताजा बयान सामने आइल बा जम्मू-कश्मीर के पूर्व मुख्यमंत्री फारूक अब्दुल्ला के। ऊ एगो मीडिया हाउस से बात करत में कहले कि 1990 में कश्मीर में जौन कुछऊ भइल ऊ एगो बड़हन साजिश रहल अउर एही के चलते कश्मीरी पंडितन के भगावल गइल रहल।

अब्दुल्ला कहनें कि ऊ वक्त बहुत बुरा रहल जब पंडितन के कश्मीर छोड़े के पडल। कश्मीरी पंडितन खातिर हमार दिल आजु ले रो रहल बा। अब्दुल्ला त ई ले कह देहने केहू कश्मीरी अइसन नाइ बा जे कश्मीरी पंडितन खातिर न रोअल होखे। सबके इहे तमन्ना बा कि ऊ वापस लौटें काहेंसे कि उनके बिना कश्मीर अधूरा बा।

अगर हम गुनहगार साबित हो गइनी त कहीं दे देहल जाए फाँसी

फारूक अब्दुल्ला इहो कह देहने कि एएस दुल्लत, आरिफ मोहम्मद खान, मोहसर रजा से पूछल जाए कि कश्मीरी पंडितन के कश्मीर छोड़ले के वजह कौन लोग बा, अगर ई लोग हमके जिम्मेदार ठहरवने त हमके जहवां बुझाए फांसी दे द जा। उनकर कहनाम बा कि एहके पहिले एगो कमीशन बने जौन देखे कि कौन सही बा अउर कौन गलत।

229590cookie-checkबोलले फारुख अब्दुल्ला, कश्मीरी पंडितन के हालत खातिर दिल्ली सरकार बा जिम्मेदार,

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.