[the_ad_group id="30365"]

चीन में बड़हन विमान हादसा: पहाड़ के ऊपर उड़ रहल प्लेन आग लगने के बाद भइल क्रैश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चायना ईस्टर्न एयरलाइंस के एगो विमान गुआंग्शी के पहाड़ी क्षेत्र में हादसे का शिकार हो गइल। कुनमिंग से गुआंगझू जा रहल एह विमान में 133 यात्री सवार रहने। विमान में सवार लोग के संगे अनहोनी के आशंका बा।

दुर्घटनाग्रस्त जेट बोइंग 737 रहल। घायलन के संख्या के बारे में अभिन पता नाइ चल पवले बा। विमान में आग लगने के बाद पहाड़ी इलाको में आग लग गइल। उड़ान संख्या एमयू 5735 में सवार यात्रियों के बचाव अउर राहत कार्य खातिर सुरक्षा एजेंसियां मौके पर रवाना हो गइल बाने सब।

चीन के सरकारी अखबार ग्लोबल टाइम्स के अनुसार इस बोइंग दक्षिण पश्चिम युन्नान प्रांत के कुनमिंग चांगशुई एयरपोर्ट से दोपहर करीब 1.15 बजे उड़ान भरले रहल। ई दक्षिण चीन के गुआंगडोंग प्रांत के गुआंगझू एयरपोर्ट पs दोपहर 3.07 पर उतरे वाला रहल। सरकारी समाचार एजेंसी शिन्हुआ बतवलस कि राहत अउर बचाव टीम घटनास्थल खातिर रवाना हो गइल बा। हादसा के लेके चायना ईस्टर्न एयरलाइंस से अभिन ले संपर्क नाइ हो पवले बा। दुर्घटनाग्रस्त बोइंग 162 सीटर हवे। एमें 12 सीट बिजनेस क्लास के अउर 150 सीट इकानॉमी क्लास के रहल ह।

 

साभार -अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]