UPSC ESE 2025: संघ लोक सेवा आयोग इंजीनियरिंग सेवा परीक्षा (ईएसई) 2025 खातिर आधिकारिक अधिसूचना के मोताबिक यूपीएससी इंजीनियरिंग सेवा परीक्षा 2025 में चार प्रमुख इंजीनियरिंग विषयन सिविल, मैकेनिकल, इलेक्ट्रिकल आ दूरसंचार में 232 रिक्तियन के भरल जाए के बा। एह परीक्षा खातिर आवेदन के विंडो आज बंद होखे वाला बा। इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट upsc.gov.in से आपन आवेदन पत्र भर सकत बा लो। बता दीं कि इंजीनियरिंग भर्ती परीक्षा खातिर ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया 18 सितंबर से सुरू भइल बा।
एह पदन खातिर आवेदन करे के अंतिम तिथि आज बा। जवन अभ्यर्थी अभी ले आवेदन नइखे कइले लो, ऊ आजे आवेदन करे लो।
शैक्षिक योग्यता
इंजीनियरिंग सेवा परीक्षा 2025 में सामिल होखे खातिर उम्मीदवारन के लगे उम्मीदवारन के लगे कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से निम्नलिखित इंजीनियरिंग ब्रांच में बीई भा बीटेक के डिग्री होखे के चाहीं।
यूपीएससी ईएसई खातिर शैक्षिक योग्यता
इंजीनियरिंग सेवा परीक्षा 2025 में सामिल होखे खातिर उम्मीदवारन के लगे कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से निम्नलिखित इंजीनियरिंग ब्रांच में बीई भा बीटेक के डिग्री होखे के चाहीं भा फेर रउआ प्री-फाइनल भा फाइनल बरिस के छात्र बा, तs रउओ परीक्षा में बइठ सकत बानी, बाकिर रउआ अंतिम परिणाम के अनुसार भर्ती प्रक्रिया पूरा करे के आवश्यकता होई।
- सिविल इंजीनियरिंग
- मैकेनिकल इंजीनियरिंग
- इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग
- इलेक्ट्रॉनिक्स आ टेलीकम्युनिकेशन इंजीनियरिंग
पंजीकरण शुल्क
उम्मीदवार आवेदन शुल्क के भुगतान वीजा/मास्टर/रुपे क्रेडिट/डेबिट कार्ड, यूपीआई भा इंटरनेट बैंकिंग के माध्यम से ऑनलाइन कइल जा सकत बा। कवनो एसबीआई शाखा में नकद के माध्यम से ऑफलाइन भुगतान स्वीकार कइल जाला।
- सामान्य/ओबीसी उम्मीदवार: 200 रुपिया
- महिला/एससी/एसटी/पीडब्ल्यूबीडी उम्मीदवार: शुल्क से छूट प्राप्त।
चयन प्रक्रिया
यूपीएससी इंजीनियरिंग सेवा परीक्षा खातिर चयन प्रक्रिया में तीन चरण होला:
प्रारंभिक परीक्षा: एगो वस्तुनिष्ठ प्रकार के परीक्षा जेमे दुगो पेपर होई माने पेपर I (सामान्य अध्ययन आ इंजीनियरिंग योग्यता) आउर पेपर II (उम्मीदवार के इंजीनियरिंग अनुशासन खातिर विशिष्ट)।
मुख्य परीक्षा: एगो वर्णनात्मक प्रकार के परीक्षा जेमे चुनल गइल इंजीनियरिंग विषय से संबंधित दुगो प्रश्नपत्र होई।
साक्षात्कार: मुख्य परीक्षा पास करे वाला उम्मीदवारन के साक्षात्कार खातिर बोलावल जाई।
आयुसीमा में छूट
यूपीएससी इंजीनियरिंग सेवा परीक्षा खातिर उम्मीदवारन के आयु एक जनवरी 2025 तक 21 से 30 बरिस के बीच होखे के चाहीं। एकर मतलब उम्मीदवारन के जन्म दु जनवरी 1995 से पहिले आ एक जनवरी 2004 के बाद ना भइल होखे। आरक्षित श्रेणियन के ऊपरी आयु सीमा में छूट दिहल जाई।
श्रेणी | सामान्य आयु सीमा | छूट के उमिर |
---|---|---|
सामान्य श्रेणी | 21 से 30 वर्ष | कवनो छूट नहीं |
ओबीसी | 21 से 33 वर्ष | 3 बरिस के छूट |
एससी/एसटी | 21 से 35 वर्ष | 5 बरिस के छूट |
दिव्यांग | 21 से 40 वर्ष | 10 बरिस के छूट |
पूर्व सैनिक | 21 से 35 वर्ष | 5 बरिस के छूट |
आवेदन के चरण
- आधिकारिक वेबसाइट upsc.gov.in पs जाई।
- होमपेज से “परीक्षा अधिसूचना” अनुभाग खोलीं।
- “ इंजीनियरिंग सेवा (प्रारंभिक) परीक्षा, 2025 ” खोजीं।
- ऑनलाइन आवेदन करे खातिर लिंक के चयन करीं आ रउआ के एगो नया पृष्ठ पs निरदेसित कइल जाई।
- पहिले आपन पंजीकरण पूरा करीं आ फेर आवेदन पत्र भरे खातिर लॉग इन करीं।
- सब विवरण सावधानीपूर्वक दर्ज करीं आ आवश्यक दस्तावेज अपलोड करीं।
- जदि लागू होखे तs आवेदन शुल्क के भुगतान करीं आ आपन फॉर्म जमा करीं।
- भविष्य के संदर्भ खातिर एकर प्रिंटआउट जरूर लेके रख लीं।