[the_ad_group id="30365"]

RRB JE 2024 भरती परीक्षा के तारीख घोषित, इहां देखी कंप्लीट शेड्यूल

रेल यात्री खातीर बड़ खबर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रेलवे भर्ती बोर्ड जूनियर इंजीनियर (जेई) अवुरी एकरा से जुड़ल पद पs बहाली खातीर परीक्षा के तारीख (अस्थायी) के घोषणा कईले बिया। एs संबंध में आधिकारिक नोटिस जारी कs दिहल गईल बा। परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जाके एकर जांच कs सकतारे।  एह बहाली अभियान के मकसद जूनियर इंजीनियर (JE), डिपो मटेरियल सुपरिंटेंडेंट और केमिकल एंड मेटलर्जिकल असिस्टेंट पद खातिर कुल 7,934 रिक्ति भरल बा.

जारी कार्यक्रम के मुताबिक आरआरबी जेई सीबीटी-1 के परीक्षा 6 दिसंबर से 13 दिसंबर 2024 ले होई। ध्यान देवे वाला बात बा कि इs परीक्षा जूनियर इंजीनियर, डिपो मैटेरियल सुपरिंटेंडेंट (डीएमएस), केमिकल एंड मेटलर्जिकल असिस्टेंट (सीएमए), केमिकल सुपरवाइजर (रिसर्च), मेटलर्जिकल सुपरवाइजर (रिसर्च) के बहाली खातीर कईल जाता।

कब से एडमिट कार्ड जारी होई? 

उम्मीदवार परीक्षा से 10 दिन पहिले आरआरबी के आधिकारिक वेबसाइट के माध्यम से परीक्षा शहर अवुरी तारीख के जांच कs सकतारे। अनुसूचित जाति/जनजाति श्रेणी के उम्मीदवार भी ट्रैवल अथॉरिटी डाउनलोड कs सकेलें। संबंधित परीक्षा के तारीख से चार दिन पहिले ई-कॉल पत्र डाउनलोड करे खातिर उपलब्ध करावल जाई। जरुरी बा कि परीक्षा केंद्र में आधार से जुड़ल बायोमेट्रिक प्रमाणीकरण के जरूरत होई।

उम्मीदवारन के सलाह दिहल गइल बा कि ताजा अपडेट खातिर आधिकारिक वेबसाइट पs पूरा नजर राखल जाव

संगही, खाली आधिकारिक चैनल के माध्यम से अपडेट रहे के सलाह दिहल जाता। अधिक जानकारी खातिर आरआरबी के आधिकारिक वेबसाइट www.rrbapply.gov.in पs जाईं.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]