टेक डेस्क। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (X) अब सरकारी अनुरोध पs कंटेंट हटावे भा ओकरा पs रोक लगावे के प्रक्रिया के यूजर खातिर आउर पारदर्शी बनावे के तइयारी में बा। एक्स के मालिक एलन मस्क के मोताबिक, प्लेटफॉर्म पs अब यूजर के ई जानकारी मिल सकेला कि कवनो पोस्ट भा अकाउंट पs कार्रवाई करे खातिर कवन सरकारी एजेंसी अनुरोध कइले रहे।
मस्क एक्स पs पोस्ट करत कहलें कि सरकार के ओर से जरूरी कइल गइल कवनो सेंसरशिप के अब जादे स्पष्ट तरीका से देखल जा सकेला। एह बदलाव के मकसद कंटेंट मॉडरेशन, रिकमेंडेशन सिस्टम आ ऑनलाइन अभिव्यक्ति में सरकारी हस्तक्षेप के लेके पारदर्शिता बढ़ावल बा।

यूजर जान सकी लो कि पोस्ट हटावे के अनुरोध के कइलस
प्रस्तावित बदलाव लागू भइला के बाद एक्स यूजर के ई जानकारी मिल सकेला कि कवनो सरकार पोस्ट हटावे, ओकरा पs रोक लगावे भा अकाउंट पs कार्रवाई करे के अनुरोध कइले रहे कि ना।
प्लेटफॉर्म अइसन अनुरोध करे वाला सरकारी एजेंसी के जानकारी उपलब्ध करावे के योजना बना रहल बा। जहां संभव होई, उहवां कंटेंट पs कार्रवाई खातिर बतावल गइल कानूनी आधार भा कारण के जानकारी यूजर के दिहल जा सकेला।
कंटेंट मॉडरेशन में पारदर्शिता बढ़ावे पs जोर
एलन मस्क एक्स के मालिक बनला के बाद से लगातार कहत आइल बाड़ें कि यूजर के ई जाने के अधिकार होखे के चाहीं कि ऑनलाइन कंटेंट के कइसे मॉडरेट कइल जाला आ पोस्ट के रैंकिंग कइसे तय होला।
एह नीति के तहत एक्स अपना कंटेंट मॉडरेशन प्रक्रिया के आउर स्पष्ट करे के दिशा में काम कs रहल बा। प्लेटफॉर्म के कोसिस बा कि यूजर के समझ में आवे कि कवना कारण से कवनो पोस्ट के पहुंच बढ़ल, घटल भा ओकरा पs रीच प्रतिबंध लगावल गइल।
सरकारी कंटेंट हटावे के अनुरोध पs नजर
एगो रिपोर्ट के मोताबिक, मस्क के स्वामित्व के दौरान एक्स के लगे सरकारन के ओर से कंटेंट हटावे से जुड़ल कइयन गो अनुरोध आइल बाड। रिपोर्ट में अलग-अलग अवधि खातिर एक्स के अनुरोध स्वीकार करे के दर 83 फीसदी से 98.8 फीसदी तक बतावल गइल बा।
हालांकि, ई आंकड़ा अलग-अलग रिपोर्टिंग अवधि के आधार पs बदलत रहल बा। रिपोर्ट में ई दावा कइल गइल कि ई अनुपालन दर एक्स के पिछिला प्रबंधन के समय के मुकाबले जादे रहे।
रिकमेंडेशन सिस्टम के पारदर्शी बनावे के कोसिस
एक्स खाली कंटेंट हटावे के सरकारी अनुरोध तक सीमित ना रहके अपना रिकमेंडेशन सिस्टम के लेके पारदर्शिता बढ़ावे पs काम कs रहल बा।
कंपनी रिकमेंडेशन तकनीक के कुछ हिस्सा ओपन-सोर्स करे के प्रयास के समर्थन कइले बा। एकरा से शोधकर्ता आ यूजर बेहतर ढंग से समझ सकेलें कि कवना पोस्ट के जादे लोगन तक पहुंचावल जाला आ कवना कंटेंट के कम लोगन तक पहुंच मिलेला।
जदि एक्स के नया बेवस्था लागू हो जाला, तs यूजर खातिर ई समझल आसान हो सकेला कि उनकर पोस्ट के पहुंच पs कवन कारण असर डाल रहल बा आ कवनो सरकारी अनुरोध के वजह से कंटेंट पs कार्रवाई भइल बा कि ना।
Read Also: FDA Notice : शाहरुख खान, अजय देवगन आ टाइगर श्रॉफ के एफडीए के नोटिस, पान मसाला विज्ञापन पs उठल सवाल









