लखीसराय। बिहार के लखीसराय इस्थित प्रसिद्ध अशोकधाम मंदिर में सावन के तीसरा सोमारी के दिन बड़ हादसा हो गइल। सोमार के भोर में मंदिर के बाहरी परिसर आ स्टेशन से मंदिर जाये वाला रास्ता पs अचानक भगदड़ मच गइल। सुरुआती जानकारी के मोताबिक, हादसा में 7 श्रद्धालुअन के मौत हो गइल बा, जबकि 8 से जादे लोग घायल बतावल जा रहल बा।
घायल श्रद्धालुअन के इलाज खातिर सदर अस्पताल लखीसराय भेजल गइल बा। प्रशासन आ पुलिस के टीम घटनास्थल पs पहुंच के राहत-बचाव के काम में जुट गइल बिया। मृतकन के संख्या बढ़े के आशंका जतावल जा रहल बा।

करंट फइलला के अफवाह से मचल अफरातफरी
सुरुआती जानकारी के अनुसार, अशोकधाम स्टेशन से मंदिर जाये वाला रास्ता पs रात में बिजली के पोल तार सहित गिर गइल रहे। सोमार के भोर में जलाभिषेक खातिर बड़ संख्या में कांवड़िया आ श्रद्धालु मंदिर पहुंचल रहे लो।
एही बीच पोल में करंट प्रवाहित होखे के अफवाह श्रद्धालुअन के बीच फइल गइल। अफवाह सुनतही भीड़ में अचानक अफरातफरी मच गइल आ लोग सुरक्षित जगह के ओर भागे लागल।
भगदड़ में एक-दूसरा के नीचे दब गइलें श्रद्धालु
भाग-दौड़ के दौरान इस्थिति बेकाबू हो गइल आ भगदड़ मच गइल। कइयन गो श्रद्धालु जमीन पs गिर पड़ल लो आ भीड़ में एक-दूसरा के नीचे दब गइल। हादसा के बाद घटनास्थल पs चीख-पुकार मच गइल।
स्थानीय लोग आ उहां मवजूद श्रद्धालु दबल लोगन के बाहर निकाले में जुट गइल। घटना के सूचना मिलतही पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारी मवका पs पहुंचल लो। घायलन के तत्काल अस्पताल पहुंचावे के प्रक्रिया सुरू कइल गइल।
अब तक चार मृतक के पहचान
सुरुआती जानकारी के मोताबिक, चार मृतक के पहचान हो गइल बा। में
- मनमाला देवी (44) – पति निरंजन कुमार, वार्ड नंबर 12, इंद टोला, बड़हिया, लखीसराय
- रिंकू देवी (50) – पति नीरज यादव, फरदा, थाना सफियासराय, जिला मुंगेर
- हेमलता देवी (55) – पति सुरेंद्र यादव, कैंदी प्रतापपुर, थाना हलसी, जिला लखीसराय
- ललिता देवी – पति गोरेलाल यादव, प्रतापपुर, थाना हलसी, जिला लखीसराय
प्रशासन के ओर से बाकी मृतक आ घायलन के पहचान करे के प्रक्रिया जारी बा।
अशोकधाम मंदिर में सावन में उमड़ेला बड़ भीड़
अशोकधाम मंदिर के श्री इन्द्रदमनेश्वर महादेव मंदिर के नाम से जानल जाला। मंदिर में प्राचीन विशाल शिवलिंग स्थापित बा, जवन जमीन के खुदाई के दौरान मिलल रहे।
सावन के तीसरा सोमारी के अवसर पs मंदिर में जलाभिषेक खातिर बड़ संख्या में श्रद्धालु पहुंचल रहे लो। बड़ भीड़ के बीच भगदड़ के घटना से पूरा इलाका शोक में डूबल बा।
प्रशासन कs रहल बा हादसा के जांच
पुलिस आ प्रशासन घटना के पूरा कारण के जांच में जुटल बा। खास तौर पs बिजली के पोल में करंट होखे के अफवाह कइसे फैलल आ ओकरा बाद भीड़ में भगदड़ कइसे मचल, एकर जानकारी जुटावल जा रहल बा। फिलहाल घायल श्रद्धालुअन के इलाज जारी बा आ प्रशासन इस्थिति पs नजर रखले बा।
Read Also: 17 अगस्त 2026 के राशिफल









