Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिशा सालियान मामला: परसानी में फंसलें केंद्रीय मंतरी नारायण राणे अउर बेटा नितेश, पेशी खातिर नोटिस जारी

अभिनेता सुशांत सिंह राजपूत के पूर्व मैनेजर दिशा सालियान के मौत मामिला में मालवानी थाना पुलिस नारायण राणे के 4 मार्च के बिहाने 11 बजे बयान दर्ज करवनें, उहवें बेटा के तीन मार्च के पेश होखले के नोटिस जारी कइल गइल बा।

170
सीवान इन्शुरेंस 720 90

अभिनेता सुशांत सिंह राजपूत के पूर्व मैनेजर दिशा सालियान के मौत के मामिला में केंद्रीय मंत्री नारायण राणे अउर उनके विधायक बेटा नितेश राणे के मुश्किल बढ़ते जा रहल बा। दिशा के माता-पिता के सिकाएत पs पs FIR दर्ज कइले के बाद मालवानी थाना पुलिस नारायण राणे के 4 मार्च के बिहाने 11 बजे बयान दर्ज करावे उहवें बेटा के तीन मार्च के पेस होखले के नोटिस जारी कइले बा। हाले में एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में नारायण राणे अपने आरोपन के दोहरवले रहनें कि सालियान के संगे सामूहिक दुष्कर्म अउर हत्या कइल गइल रहे। लेकिन सालियान के माई-बाऊजी एसे इनकार क देहले रहनें लोग|

दूनो नेतन के खिलाफ कई धारा में मामिला दर्ज

मामला आईपीसी के धारा 500, 509 अउर सूचना प्रौद्योगिकी अधिनियम के धारा 67 के तहत दर्ज कइल गइल रहल। एफआईआर के कॉपी में दिशा के माई आरोप लगवले रहली की उनके बेटी के इ राजनेता लोग बदनाम क देहल।

ऑटोप्सी रिपोर्ट में दुष्कर्म की पुष्टि नहीं

Middle Yayawari

महाराष्ट्र राज्य महिला आयोग के अध्यक्ष रूपाली चाकणकर एह मामिला में बयान देत में कहली कि ऑटोप्सी रिपोर्ट के अनुसार,  दिशा के संगे बलात्कार नाई कइल गइल रहे अउर ऊ गर्भवतियो नाइ रहली।  चाकणकर कहली की दिशा सलियन के माई-बाऊजी के केंद्रीय मंत्री नारायण राणे, विधायक नितेश राणे अउर एह संबंध में दिशा के मौत के बारे में झूठहा अउर मानहानिकारक जानकारी देहले खातिर सब संबंधितन के खिलाफ कारवाही करे के चाहीं। चाकणकर ट्विटर के माध्यम से अपील करत कहली कि सालियान के मौत के मामिला में सोशल मीडिया पs बनावल गइल लाखन फर्जी खाता के बंद कइल जाए के चाहीं अउर ओकरे बारे में गलत जानकारी के तुरंत हटावल जाए के चाहीं। रूपाली चाकणकर एक गो अउर मांग करत कहली कि दिशा के माई-बाऊजी के सुरक्षा प्रदान कइल जाए काहें से की उनकरे जान के खतरा बा।

 

साभार – अमर उजाला

223560cookie-checkदिशा सालियान मामला: परसानी में फंसलें केंद्रीय मंतरी नारायण राणे अउर बेटा नितेश, पेशी खातिर नोटिस जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.