ड्रग केस में आर्यन खान के खिलाफ पेश नाइ हो पावल कौनो सबूत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2022

क्रूज ड्रग्स मामिला में अभिनेता शाहरुख खान के बेटा आर्यन खान के आखिरकार क्लीन चिट मिलले लउकता। ओकरे खिलाफ अइसन कौनो सबूत नाइ मिलल, जेसे ई साबित होत होखे कि ऊ एगो बड़हन साजिस चाहे

Share

क्रूज ड्रग्स मामिला में अभिनेता शाहरुख खान के बेटा आर्यन खान के आखिरकार क्लीन चिट मिलले लउकता। ओकरे खिलाफ अइसन कौनो सबूत नाइ मिलल, जेसे ई साबित होत होखे कि ऊ एगो बड़हन साजिस चाहे एगो अंतरराष्ट्रीय ड्रग्स तस्करी सिंडिकेट के हीसा रहनें। दरअसल एनसीबी मुंबई के यूनिट के आरोपन के उल्टा, एसआईटी (विशेष जांच दल)   एचटी के संगे अपना जांच के कुछ निष्कर्ष साझा कइले बा जेमे बतावल गइल रहल कि आर्यन खान के लग्गे कौनो ड्रग्स नाइ रहल|

अभी पूरी नहीं हुई है जांच-
हालांकि सगरी चीज के सुनिश्चित करे खातिर एसआईटी के जांच पूरा नाइ भइल बा अउर एनसीबी के महानिदेशक एस एन परधान के आपन अंतिम रिपोर्ट देहले में कुछ महीना लाग सकsला। एगो अधिकारी कहनें कि अंतिम निर्णय से पहिले एगो कानूनी राय लेहल जाई। एसआईटी प्रमुख अउर एनसीबी डीडीजी संजय सिंह के कहनाम बा कि ई कहल जल्दबाजी होई कि आर्यन खान के खिलाफ कौनो सबूत नाइ बा। जांच अभिन जारी बा, कई गो बयानो दर्ज बा| अभिन ले हमनी के कौनो निष्कर्ष पs नाइ पहुंचल बानीं जा।

साभार – अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.