[the_ad_group id="30365"]

Dharmendra Pradhan Resigns : नीट पेपर लीक विवाद के बाद केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के इस्तीफा, सोशल मीडिया पs जारी कइलें बयान

Dharmendra Pradhan Resigns
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। नीट-यूजी पेपर लीक विवाद आ छात्र प्रदर्शन के बीच केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान अपना पद से इस्तीफा दे देलें। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs जारी बयान में ऊ कहलें कि चार दशक से जादे समय से छात्र, शिक्षक आ शिक्षा सुधार खातिर काम करत आइल बानी। उनका मोताबिक, मजबूत शिक्षा बेवस्था देस के भविष्य के सबसे मजबूत आधार हs।

धर्मेंद्र प्रधान कहलें कि देस के नवहन के सपना, भावना आ उम्मेद के ऊ हमेसा सम्मान करत रहल बाड़ें। प्रधानमंत्री के नेतृत्व में शिक्षा मंत्री के रूप में सेवा करे के मवका मिलल, एह खातिर ऊ आभार जतवलें।

ऊ बतवलें कि 3 मई 2026 के आयोजित नीट-यूजी परीक्षा में गड़बड़ी सामने आवते केंद्र सरकार जांच सीबीआई के सउप देलस, परीक्षा रद्द कइल गइल आ दोबारा परीक्षा करावे के फैसला लिहल गइल। संगही, अगिला साल से परीक्षा सीबीटी (CBT) मोड में करावे के घोषणा कइल गइल।

छात्रन के न्याय दिलावे पs रही जोर

पूर्व शिक्षा मंत्री कहलें कि सरकार के सबसे बड़ मकसद 20 लाख से जादे छात्रन के निष्पक्ष परीक्षा करावल रहे। उनका दावा बा कि परीक्षा माफिया के चलते कवनो मेधावी छात्र के भविष्य खराब ना होखे दिहल जाई। ऊ कहलें कि 16 जुलाई के घोषित नीट-यूजी परिणाम संतोषजनक रहल आ गरीब परिवार से आवे वाला कइयन गो प्रतिभाशाली छात्र सफलता हासिल कइल लो।

Read Also: Maharashtra TET Paper Leak : बिहार से धराइल मुख्य आरोपी वीरेंद्र गुप्ता, जांच में हो सकेला बड़ खुलासा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]