[the_ad_group id="30365"]

Google Chrome New Update : वेबसाइट के बार-बार नोटिफिकेशन पॉप-अप से मिली राहत, एंड्रॉयड यूजर्स खातिर आ रहल बा नया UI

Google Chrome
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक डेस्क। गूगल क्रोम एंड्रॉयड यूजर्स के ब्राउजिंग अनुभव बेहतर बनावे खातिर जल्दिये नया नोटिफिकेशन परमिशन UI लॉन्च करे जा रहल बा। कंपनी के अनुसार ई बदलाव क्राेम 155 अपडेट के संगे रोलआउट होई। नया फीचर के मकसद वेबसाइट पs बार-बार आवे वाला नोटिफिकेशन पॉप-अप से यूजर्स के राहत देहल बा।

गूगल बतवले बा कि नया इंटरफेस पुरान सिस्टम के तुलना में कम बाधा पैदा करी। अब वेबसाइट खुलते नोटिफिकेशन परमिशन मांगे के बजाय सही समय आ सही जरूरत पs ई प्रॉम्प्ट देखावल जाई। एह बदलाव से यूजर्स बिना ब्राउजिंग रोके आराम से फैसला ले सकी लो कि नोटिफिकेशन चालू करे के बा कि ना।

साइट कंट्रोल्स में जुड़ल नया ऑप्शन

क्रोम 155 अपडेट में साइट कंट्रोल्स मेन्यू के अंदर नोटिफिकेशन सब्सक्रिप्शन खातिर अलग ऑप्शन जोड़ल गइल बा। जदि यूजर पहिला बेर नोटिफिकेशन रिक्वेस्ट के जवाब ना देवे के चाही, तs ऊ बाद में साइट कंट्रोल्स में जाके आसानी से परमिशन दे सकेला।

डेवलपर्स खातिर गूगल के सलाह

गूगल डेवलपर्स से कहलस कि नोटिफिकेशन रिक्वेस्ट सही समय पs देखावल जाये। उदाहरण खातिर, ई-कॉमर्स वेबसाइट ऑर्डर बुक होखला के बाद डिलीवरी अपडेट खातिर परमिशन मांग सकेले। न्यूज वेबसाइट कइयन गो खबर पढ़ला के बाद टॉपिक अलर्ट सुझा सी, जबकि ट्रैवल वेबसाइट फ्लाइट सर्च के बाद फेयर अलर्ट भेजे खातिर अनुमति मांग सकेला।

नया क्रोम UI से एंड्रॉयड यूजर्स के ब्राउजिंग अनुभव आउर आसान, साफ-सुथरा आ कम परेसान करे वाला होखे के उम्मीद बा।

Read Also: Dharmendra Pradhan Resigns : नीट पेपर लीक विवाद के बाद केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के इस्तीफा, सोशल मीडिया पs जारी कइलें बयान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]