Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वास्थ्य चुनौतियन से निपटले में तकनीक के उपयोग वक्त के मांग, बाली बैठक में बोललें मंडाविया

337
केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री डॉ. मनसुख मंडाविया कहलें कि वैश्विक स्वास्थ्य चुनौतियन से निपटे अउर समूची दुनिया में स्वास्थ्य सेवा मुहैया करावे खातिर प्रौद्योगिकी के इस्तेमाल वक्त के मांग बा।

इंडोनेशिया के बाली में जी-20 स्वास्थ्य मंत्रियन के दूसर बैठक के संबोधित करत डॉ. मंडाविया ई बात कहलें। उ कहलें कि भारत इंडोनेशिया से जी-20 के बागडोर अपने हाथ में लेवे जा रहल बा। एहलिये हम इंडोनेशिया, इटली, सऊदी अरब अउर जी-20 के अन्य अध्यक्ष रहल देश द्वारा पहिले से कइल गइल पहल अउर प्रयास के गति मजबूत कइल चाहतनी।

डॉ. मंडाविया कहलें कि जी-20 के इंडोनेशियाई प्रेसीडेंसी के दौरान दवाई के उत्पादन अउर अनुसंधान खातिर चिकित्सा केंद्र के सही ढंग से प्राथमिकता दीहल गइल। एकर मकसद ई सुनिश्चित कइल रहल कि दुनिया भविष्य के कौनोभी स्वास्थ्य चुनौती के प्रबंधन करे खातिर तैयार रहे।

 

 

 

एक दिसंबर के अध्यक्ष बनी भारत

भारत एह साल 1 दिसंबर से एक वर्ष खातिर जी-20 के अध्यक्ष बने जा रहल बा। एह दौरान भारत देशभर में 200 से अधिक जी-20 बैठक के मेजबानी करी। एमें सबसे महत्वपूर्ण राष्ट्राध्यक्ष अउर शासनाध्यक्ष के स्तर पर होखे वाला जी-20 नेता लोग के शिखर सम्मेलन ह। एके अगिले साल 9 अउर 10 सितंबर के नई दिल्ली में आयोजित कइल जाई। भारत 1 दिसंबर, 2022 से 30 नवंबर, 2023 तक G20 के अध्यक्षता करी।

जी-20 दुनिया के प्रमुख विकसित अउर विकासशील अर्थव्यवस्था के एक अंतर-सरकारी मंच ह। एकर सदस्य 19 देश अर्जेंटीना, ऑस्ट्रेलिया, ब्राजील, कनाडा, चीन, फ्रांस, जर्मनी, भारत, इंडोनेशिया, इटली, जापान, कोरिया गणराज्य, मैक्सिको, रूस, सऊदी अरब, दक्षिण अफ्रीका, तुर्की, यूके, यूएसए अउर यूरोपीय संघ (ईयू) हवें।

364120cookie-checkस्वास्थ्य चुनौतियन से निपटले में तकनीक के उपयोग वक्त के मांग, बाली बैठक में बोललें मंडाविया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.