दिल्ली। बाहरी दिल्ली के भलस्वा डेयरी थाना क्षेत्र में ड्यूटी पs तैनात पुलिसकर्मियन पs हमला के ममिला सामने आइल बा। मुकुंदपुर के जनता विहार इलाका में बाइक जब्ती के विरोध में आरोप लगावल गइल कि कुछ लोग पुलिसकर्मियन के आंख में मरीचा पाउडर डालके ईंट आ लाठी-डंडा से हमला कइल। घटना में तीन पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो।
पुलिस के मोताबिक, 22 अगस्त के करीब तीन बजे हेड कॉन्स्टेबल दिनेश आ हेड कॉन्स्टेबल राजेश जनता विहार में गश्त करत रहे लो। जांच के दौरान पुलिस के एगो मोटरसाइकिल मिलल, जवना के जरूरी दस्तावेज उपलब्ध ना रहे। नियम के तहत बाइक के दिल्ली पुलिस अधिनियम के धारा 66 के तहत थाना में जमा करा दिहल गइल।
बाइक जब्ती के विरोध में पुलिस पs हमला
पुलिस के कहनाम बा कि करीब साढ़े तीन बजे दुनो पुलिसकर्मी वापस बीट पs पहुंचल लोग, तs बाइक मालिक आ ओकर परिवार के कुछ लोग उहां पहुंच गइल। आरोप बा कि कार्रवाई के विरोध में पुलिसकर्मियन पs हमला कs दिहल गइल।
आरोपी पुलिसकर्मियन के आंख में मरीचा पाउडर डलले सs आ ईंट-पत्थर आ डंटा से हमला कइले सs। सहायता खातिर पहुंचल हेड कॉन्स्टेबल टीनूओ पs हमला भइल। घटना में दिनेश के माथा में चोट लागल बा।
एगो किशोर हिरासत में, आरोपी फरार
पुलिस मवका से 17 साल के एगो किशोर के पकड़ले बिया, जबकि मुख्य आरोपी सहित आउर लोग फरार बतावल जा रहल बा। ममिला में एफआईआर संख्या 537/26 दर्ज कइल गइल बा।
पुलिस के मोताबिक मुख्य आरोपी सुनील उर्फ पंकज इलाका के बीसी बतावल जा रहल बा आ ओकरा खिलाफ पहिले से पांच गो आपराधिक ममिला दर्ज बा। फिलहाल पुलिस फरार आरोपियन के तलाश में जुटल बिया।









