IND vs SL : गॉल में भारत के जीत के पांच महानायक, पडिक्कल-सुथार सहित चमकलें ई 5 खिलाड़ी

IND vs SL Galle Test India Win

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। गॉल में खेलल गइल पहिला टेस्ट में भारत श्रीलंका के 165 रन से हराके सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेलस। भारत के जीत में देवदत्त पडिक्कल के सानदार शतक आ मानव सुथार के 10 विकेट सबसे खास रहल। हालांकि, एह दुनो के अलावा तीन आउर खिलाड़ी टीम के जीत में अहम जोगदान दिहल लो।

देवदत्त पडिक्कल बनलें जीत के सबसे बड़ नायक

करीब दू साल बाद टेस्ट टीम में वापसी करे वाला देवदत्त पडिक्कल सानदार बल्लेबाजी कइलें। ऊ पहिला पारी में 167 रन के बेहतरीन पारी खेललें आ टेस्ट करिअर के पहिला शतक लगवलें। दूसरका पारी में पडिक्कल 44 रन बनाके टीम के मजबूत इस्थिति में पहुंचावे में मदद कइलें। सानदार प्रदर्शन खातिर उनका के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

मानव सुथार के फिरकी के आगे श्रीलंकाई बल्लेबाज पस्त

आपन दूसरका टेस्ट खेल रहल मानव सुथार श्रीलंका के बल्लेबाजन के खूब परेसान कइलें। पहिला पारी में चार विकेट आ दूसरका पारी में छव विकेट लेके ऊ मैच में कुल 10 विकेट चटकवलें। उनकर सानदार गेंदबाजी भारत के जीत के सबसे मजबूत आधार रहल।

केएल राहुल के अहम बल्लेबाजी

केएल राहुल पहिला पारी में 84 रन बनवलें। दूसरको पारी में ऊ 35 रन के उपयोगी जोगदान देलें। मैच में कुल 119 रन बनाके राहुल भारत के जीत में अहम भूमिका निभवलें।

ऋषभ पंत के तूफानी अर्धशतक

ऋषभ पंत दूसरका पारी में 69 गेना पs 66 रन के तेज पारी खेललें। उनका बल्लेबाजी से भारत के स्कोर 193 रन तक पहुंचे में मदद मिलल। पहिलाको पारी में पंत 39 रन बनवले रहलें।

रवींद्र जडेजा के असरदार गेंदबाजी

रवींद्र जडेजा बल्ला से खास जोगदान ना दे पवलें, बाकिर गेंदबाजी में कमाल कइलें। ऊ पहिला पारी में तीन आ दूसरका पारी में एक विकेट लेके श्रीलंकाई बल्लेबाजी पs दबाव बनवलें। ऊ अपना  टेस्ट करिअर में 350+ विकेट के आकंडा के पार कइलें।

Read Also:  JPSC-JSSC आंदोलन खत्म : छात्र सरकार के दिहल लो दू महीना के अल्टीमेटम, जांच ना भइल तs फेर रांची में होई जुटान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-