एजुकेशन डेस्क। SBI PO भरती 2026 में सामिल होखे वाला अभ्यर्थियन खातिर एगो जरूरी खबर बा। स्टेट बैंक ऑफ इंडिया (SBI) प्रोबेशनरी ऑफिसर (PO) भरती के मुख्य परीक्षा के तारीख घोषित कs देले बा। जारी जानकारी के मोताबिक, SBI PO Mains Exam 12 सितंबर 2026 के देसभर में निर्धारित परीक्षा केंद्रन पs आयोजित होई।
कब जारी होई SBI PO Mains Admit Card?
SBI PO प्रीलिम्स परीक्षा में सफल होखे वाला उम्मीदवारे मुख्य परीक्षा में सामिल हो सकेला। एडमिट कार्ड अगस्त के आखिरी हफ्ता भा सितंबर के पहिला हफ्ता में जारी होखे के संभावना बा। उम्मीदवार SBI के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकेला लो। एडमिट कार्ड जारी भइला के बाद परीक्षा केंद्र, समय आ जरूरी निरदेस के जानकारियाे मिल जाई।
SBI PO Mains Exam Pattern का बा?
SBI PO मुख्य परीक्षा में ऑब्जेक्टिव आ डिस्क्रिप्टिव, दुनो तरे के पेपर होई। ऑब्जेक्टिव पेपर में तर्कशक्ति आ कंप्यूटर एप्टीट्यूड से 40 सवाल, डेटा एनालिसिस आ इंटरप्रिटेशन से 30 सवाल, जनरल इकोनॉमी आ बैंकिंग अवेयरनेस से 60 सवाल आ अंग्रेजी भाषा से 40 सवाल पूछल जाई।
ऑब्जेक्टिव पेपर खातिर उम्मीदवारन के 3 घंटा के समय मिली। एकरा अलावे डिस्क्रिप्टिव पेपर में अंग्रेजी भाषा में पत्र लेखन आ निबंध लेखन करावल जाई। एह पेपर खातिर 30 मिनट के समय निर्धारित रही।
SBI PO Prelims Result कब आई?
SBI PO प्रीलिम्स परीक्षा 1 आ 2 अगस्त 2026 के आयोजित भइल रहे। नोटिफिकेशन के मोताबिक, प्रीलिम्स रिजल्ट अगस्त भा सितंबर में जारी होखे के बा। चूंकि मुख्य परीक्षा 12 सितंबर के निर्धारित बा, एहसे उम्मीद कइल जा रहल बा कि प्रीलिम्स रिजल्ट जल्दिये जारी हो सकेला। रिजल्ट जारी होखते उम्मीदवारन के कैटेगरी के हिसाब से कटऑफ बतावल जाई।
जवन उम्मीदवार निर्धारित कटऑफ अंक हासिल करी, उहे मुख्य परीक्षा खातिर क्वालीफाई मानल जाई।
SBI PO भरती में 1500 पद
SBI PO भरती 2026 के माध्यम से कुल 1500 प्रोबेशनरी ऑफिसर पद पs नियुक्ति होखे वाली बा। एमे 1446 पद रेगुलर भरती आ 54 पद बैकलॉग खातिर निर्धारित कइल गइल बा। उम्मीदवार भरती, परीक्षा, एडमिट कार्ड आ रिजल्ट से जुड़ल ताजा जानकारी खातिर एसबीआई के आधिकारिक वेबसाइट पर नजर रखीं।









