UP Women Free Travel : रक्षाबंधन पs यूपी के महिला लोगन के सीएम योगी के तोहफा, 3 दिन सरकारी बस में फ्री सफर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 24, 2026

लखनऊ। रक्षाबंधन के मवका पs उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ महिला लोगन खातिर खास तोहफा के ऐलान कइले बाड़ें। अब यूपी में महिला यात्री 27 अगस्त से 29 अगस्त तक सरकारी बस में मुफ्त

Share

CM Yogi Adityanath

लखनऊ। रक्षाबंधन के मवका पs उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ महिला लोगन खातिर खास तोहफा के ऐलान कइले बाड़ें। अब यूपी में महिला यात्री 27 अगस्त से 29 अगस्त तक सरकारी बस में मुफ्त यात्रा कs सकी लो। एह दौरान महिला लोगन से कवनो किराया ना लिहल जाई।

खास बात ई बा कि महिला के संगे सफर करे वाला एगसे सहजोगियो के टिकट मुफ्त रही। जदि महिला के संगे एक से जादे लोग यात्रा कs रहल बा, तs महिला आ खाली एगो साथी के मुफ्त यात्रा के सुविधा मिली। बाकी साथी के पूरा किराया देके टिकट लेवे के पड़ी।

27 अगस्त के सबेरे 6 बजे से सुरू होई सुविधा

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पहिले रक्षाबंधन पs दू दिन खातिर मुफ्त बस सेवा के घोषणा कइले रहलें। अब एह सुविधा के अवधि बढ़ा के 27 अगस्त के सबेरे 6 बजे से 29 अगस्त के आधा रात तक कs दिहल गइल बा।

उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम के बस में महिला यात्री अपना एगो सहजोगी के संगे मुफ्त यात्रा कs सकी लो। एह फैसला से रक्षाबंधन पs मायका जाये वाली बहिन आ महिला यात्रियन के बहुते सुविधा होखे के उम्मीद बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना सरकारी आवास पs परिवहन विभाग, पुलिस, प्रशासन, नगर विकास आ यातायात विभाग के वरिष्ठ अधिकारियन के संगे उच्चस्तरीय बैठक कइलें। बैठक में रक्षाबंधन के दौरान महिला यात्रियन के सुरक्षित आ सुविधाजनक यात्रा सुनिश्चित करे पs जोर दिहल गइल।

सीएम योगी संबंधित विभागन के आपस में समन्वय बना के काम करे आ भीड़ वाला रूट पs पर्याप्त  बेवस्था करे के निरदेस देलें।

900 से जादे बस में मुफ्त यात्रा के बेवस्था

रक्षाबंधन के मवका पs नगर विकास विभाग के 900 से जादे बसन में महिला यात्रियन खातिर मुफ्त यात्रा के बेवस्था सुनिश्चित करे के निरदेस दिहल गइल बा।

मुख्यमंत्री निजी बस, ऑटो आ टैक्सी चालकन के सत्यापन करावे आ महिला यात्रियन के सुरक्षा पs विशेष धेयान देवे के निरदेस देलें। संगही, 25 अगस्त तक हर जिला में बस, टैक्सी आ ऑटो-टेंपो यूनियन के संगे समन्वय बैठक करे के कहल गइल बा।

अयोध्या-वाराणसी सहित प्रमुख शहरन में खास इंतजाम

रक्षाबंधन के दौरान धार्मिक आ पर्यटन स्थलन पs यात्रियन के भीड़ बढ़े के संभावना बा। एह वजह से मुख्यमंत्री प्रमुख स्थलन पs विशेष यातायात बेवस्था करे के निरदेस देलें।

मथुरा-वृंदावन, अयोध्या, वाराणसी, प्रयागराज, चित्रकूट, विंध्याचल-मिर्जापुर आ गोरखपुर में खास इंतजाम करे के कहल गइल बा। सरकार के एह फैसला से रक्षाबंधन पs घर जाये वाली महिला यात्रियन के यात्रा आसान आ सुरक्षित बनावे में मदद मिली।

Read Also: 24 अगस्त 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.