Barabanki Flood : बाराबंकी में सरयू के बाढ़ से हाहाकार, 19 गांवन में 7 हजार लोग प्रभावित, हजारन लोग बेमार

Barabanki Saryu River Flood

Share

बाराबंकी। उत्तर प्रदेश के बाराबंकी जिला में बरखा आ सरयू नदी के बाढ़ से जनजीवन बेहाल हो गइल बा। नदी के जलस्तर खतरा के निशान से ऊपर पहुंच गइल बा। तीन तहसील के 19 गांव अभियो बाढ़ के चपेट में बा। बाढ़ प्रभावित इलाका में पानी घटला के संगे कइयन जगह कटान के खतरा बढ़ गइल बा।

बाढ़ के चलते करीब 7 हजार ग्रामीण परेसानी झेल रहल बा लो। स्वास्थ्य विभाग के टीम के मोताबिक, अब तक 3,860 लोग बुखार, त्वचा रोग, दस्त आ पेट दरद जइसन बेमारी से प्रभावित भइल बा। चिकित्सा टीम गांव-गांव पहुंचके दवाई आ इलाज उपलब्ध करा रहल बिया।

19 गांवन में बाढ़ के असर

रामनगर, रामसनेहीघाट आ सिरौलीगौसपुर तहसील के कुल 19 गांव बाढ़ से प्रभावित बा। ग्रामीणन के सामने बेमारी के संगे पशु चारा के संकटो खड़ा हो गइल बा।

चारा के कमी के चलते कइयन गो पशु बेमार पड़ गइलें। अब तक 393 पशुअन के इलाज कइल जा चुकल बा। प्रभावित इलाकन में स्वास्थ्य सुविधा उपलब्ध करावे खातिर 22 चिकित्सा टीम बनावल गइल बा, जबकि 11 टीम फिलहाल बाढ़ प्रभावित क्षेत्र में सक्रिय बाड़ी सs।

राज्यमंत्री बंटलें 2 हजार राशन किट

रामसनेहीघाट तहसील के सेमरी, बसंतपुर, सिकरी जीवल, उमरहरा आ अतरसुइया गांव में सनिचर के बाढ़ पीड़ित परिवारन के बीच खाद्य आ रसद राज्यमंत्री सतीश चंद्र शर्मा दू हजार राशन किट बंटलें।राज्यमंत्री कहलें कि बाढ़ से प्रभावित कवनो परिवार के राहत सामग्री से वंचित ना होखे दिहल जाई। प्रशासन जरूरत के हिसाब से प्रभावित लोगन तक मदद पहुंचावत रही।

फतेहपुर में सबसे जादे बरखा

सनिचर के बाराबंकी जिला में सबसे जादे बरखा फतेहपुर तहसील में 60 मिलीमीटर दर्ज कइल गइल। नवाबगंज में 51, रामनगर में 34, सिरौलीगौसपुर में 10 आ हैदरगढ़ में 7 मिलीमीटर बरखा रिकॉर्ड भइल।लगातार बरखा के चलते जिला प्रशासन स्कूलन में लईकन के छुट्टी घोषित कs देलस।

खतरा के निशान से ऊपर सरयू नदी

एल्गिन ब्रिज पs सनिचर के सबेरे सरयू नदी के जलस्तर 106.180 मीटर रिकॉर्ड भइल। नदी के खतरा के निशान 106.070 मीटर बा। एह हिसाब से सरयू नदी खतरा के निशान से करीब 10 सेंटीमीटर ऊपर बह रहल बिया। जलस्तर बढ़ला से प्रशासन बाढ़ प्रभावित इलाका में निगरानी बढ़ा देले बा।

कइयन गो इलाकन में कटान से बढ़ल खतरा

बाढ़ के पानी घटे के संगे कइयन गो जगह जमीन के कटान तेज हो गइल बा। रामसनेहीघाट तहसील के खेता सराय आ पठकनपुरवा मजरा टिकरी, रामनगर के पांडेयपुर मजरा बिछला आ सिरौलीगौसपुर के टेपरा से सनावां के बीच खेतन के जमीन कट रहल बा।

Read Also: Muzaffarpur News :  चिराग पासवान के पार्टी के विधायक अमित रानू के घर छापा, 3 DSP सहित भारी पुलिस बल पहुंचल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-