Bihar IAS Transfer : बिहार में IAS अफसरन के बड़ फेरबदल, कइयन गो अधिकारी एने से ओने, डिप्टी सीएम के बेटी के मिलल नया जिम्मेदारी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 23, 2026

पटना। बिहार के मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के सरकार प्रशासनिक स्तर पs बड़ फेरबदल कइले बिया। सरकार कइयन गो भारतीय प्रशासनिक सेवा अधिकारी के तबादला आ नया पदस्थापन कइले बिया। एह फेरबदल में 2022, 2023 आ

Share

Bihar IAS-BAS Transfer 2026 - New Posting List Released

पटना। बिहार के मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के सरकार प्रशासनिक स्तर पs बड़ फेरबदल कइले बिया। सरकार कइयन गो भारतीय प्रशासनिक सेवा अधिकारी के तबादला आ नया पदस्थापन कइले बिया। एह फेरबदल में 2022, 2023 आ 2024 बैच के आईएएस अधिकारी सामिल बा लो।

कइयन गो अनुमंडल पदाधिकारी के तबादला कs के नगर आयुक्त, उप विकास आयुक्त (DDC) आ आउर महत्वपूर्ण पद पs तैनाती दिहल गइल बा। ओहिजा, 2024 बैच के कइयन गो प्रशिक्षु आईएएस अधिकारी के प्रशिक्षण पूरा भइला के बाद एसडीएम के जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

बिहार के राज्यपाल के आदेस से सामान्य प्रशासन विभाग के विशेष सचिव संजय कुमार के हस्ताक्षर से सनिचर के देर रात तबादला आ पदस्थापन के अधिसूचना जारी भइल।

2022 बैच के आईएएस अधिकारी के मिलल नया जिम्मेदारी

2022 बैच के आईएएस अधिकारी श्रेया श्री के खगड़िया जिला परिषद के उप विकास आयुक्त-सह-मुख्य कार्यपालक पदाधिकारी बनावल गइल बा। ऊ सामान्य प्रशासन विभाग में जोगदान देके पदस्थापन के इंतजार में रहली।

2023 बैच के कइयन गो अफसरन के तबादला

  • 2023 बैच के आईएएस अधिकारी गरिमा लोहिया के बाढ़ के एसडीएम पद से हटाके दरभंगा नगर निगम के नगर आयुक्त बनावल गइल बा।
  • अनिरुद्ध पांडेय के दानापुर एसडीएम के पद से हटाके पूर्णिया नगर निगम के नगर आयुक्त के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।
  • तुषार कुमार के पूर्णिया एसडीएम तबादला कs के मधुबनी जिला परिषद के DDC-सह-मुख्य कार्यपालक पदाधिकारी बनावल गइल बा।
  • प्रधुम्न सिंह यादव के कटिहार एसडीएम पद से हटाके उद्योग विभाग के खाद्य प्रसंस्करण निदेशालय के निदेशक बनावल गइल बा।
  • आकांक्षा आनंद के मुजफ्फरपुर पश्चिमी एसडीएम पद से हटाके सासाराम, रोहतास जिला परिषद के DDC-सह-मुख्य कार्यपालक पदाधिकारी के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

डिप्टी सीएम के बेटी के मिलल नया जिम्मेदारी

तबादला सूची में उपमुख्यमंत्री के बेटी शिप्रा विजय कुमार चौधरी के नाम सामिल बा। 2023 बैच के अधिकारी शिप्रा के आरा सदर एसडीएम पद से हटाके जमुई जिला परिषद के उप विकास आयुक्त-सह-मुख्य कार्यपालक पदाधिकारी बनावल गइल बा।

एकरा अलावे अंजली शर्मा के अरेराज, पूर्वी चंपारण के एसडीएम पद से हटाके समाज कल्याण विभाग में निदेशक, निःशक्तता बनावल गइल बा।

रोहित कर्दम के नौगछिया एसडीएम से तबादला कs के कैमूर जिला परिषद के DDC-सह-मुख्य कार्यपालक पदाधिकारी बनावल गइल बा।

डॉ. नेहा कुमारी के सासाराम एसडीएम से हटाके कटिहार जिला परिषद के DDC-सह-मुख्य कार्यपालक पदाधिकारी बनावल गइल बा।

ओहिजा, कृष्ण चंद्र गुप्ता के कहलगांव एसडीएम के पद से हटाके महानिरीक्षक, निबंधन, मद्य निषेध, उत्पाद आ निबंधन विभाग के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

2024 बैच के आईएएस अधिकारी बनलें SDM

प्रशिक्षण पूरा कइला के बाद 2024 बैच के कइयन गो आईएएस अधिकारी के अनुमंडल पदाधिकारी के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

विरूपाक्ष विक्रम सिंह के दानापुर, पटना, प्रिया रानी के सासाराम, रोहतास आ कृष्णा जोशी के बाढ़, पटना के एसडीएम बनावल गइल बा।

एकराअलावा प्रेम कुमार के हवेली खड़गपुर, मुंगेर; सैयद आदिल मोहसीन के मढ़ौरा, सारण; अजय यादव के बलिया, बेगूसराय; सूरज कुमार के कटिहार आ विग्नेश टी.ए. के पूर्णिया के एसडीएम बनावल गइल बा।

ओहिजा, जतिन कुमार के शेरघाटी, गया; के. परीक्षित के नौगछिया, भागलपुर; महेश कुमार के तारापुर, मुंगेर आ कशिश बक्शी के पटना सिटी के अनुमंडल पदाधिकारी के जिम्मेदारी सौंपल गइल बा।

बिहार सरकार के एह प्रशासनिक फेरबदल के बाद अलग-अलग जिला आ विभाग में प्रशासनिक कामकाज में नया बदलाव देखे के मिली।

Read Also: SBI PO Mains Exam Date : 12 सितंबर के होई मुख्य परीक्षा, एह तारीख तक आ सकेला एडमिट कार्ड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.