Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बूस्टर डोज से पहिले बढ़ गईल कोरोना के रफ़्तार, लगातार दूसरा दिन 20 हजार से जादे केस आईल

433

कोरोना के बढ़त गति एक बेर फेरु से डेरवावे वाला बा। आज यानी शुक्रवार के भी कोरोना वायरस के नया केस 20 हजार से ज्यादा बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक शुक्रवार के सबेरे 20,038 कोरोना के मामला सामने आईल। जहवाँ जानलेवा कोरोना के चलते ४७ जने के मृत्यु भईल बा । एकरा संगे-संगे 16 हजार 994 मरीज ठीक होके अपना घरे लवट अइले। आजु लगातार दुसरका दिन नया संक्रमित के संख्या बीस हजार पार हो गइल बा. एकरा संगे-संगे देश में सक्रिय केस के संख्या बढ़ के 1,39,073 हो गईल बा।

गुरुवार के भी 20 हजार प्लस केस रहे

एकरा से पहिले गुरुवार के सबेरे स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक देश में एक दिन में कोरोना वायरस के नयका संक्रमित के संख्या 20,139 हो गईल। आंकड़ा के मुताबिक करीब 145 दिन बाद देश में एक दिन में 20 हजार से जादे केस मिलल। गुरुवार के सबेरे 8 बजे केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक देश में संक्रमण के चलते अवुरी 38 लोग के मौत हो गईल रहे। बताईं, देश में कोरोना मरीज के रिकवरी के राष्ट्रीय दर 98.49 प्रतिशत बा।

दिल्ली में 520 नए केस मिलल बा

स्वास्थ्य मंत्रालय के मुताबिक गुरुवार के सबेरे दिल्ली में कोविड-19 के 520 नाया केस मिलल अवरू एक मरीज के मौत हो गईल जबकि संक्रमण के दर 3.44 प्रतिशत रहल। स्वास्थ्य विभाग अपना ताज़ा बुलेटिन में बतवले बा कि गुरुवार के नया संक्रमित अईला के बाद कुल संक्रमित के संख्या बढ़ के 19,42,425 हो गईल बा। एकरा संगे-संगे एक अवुरी मरीज के मौत के चलते कुल मरेवाला लोग के संख्या बढ़ के 26,289 हो गईल।

महाराष्ट्र में संक्रमण के 2 हजार से अधिक केस

महाराष्ट्र के स्वास्थ्य विभाग के मुताबिक गुरुवार के 2229 नय कोरोना वायरस के मामला सामने आईल। एकरा संगे-संगे चार मरीज के संक्रमण के चलते मौत हो गईल। विभाग के कहनाम बा कि नयका केस अईला के बाद राज्य में संक्रमित के मामला बढ़ के 80,12,452 हो गईल। एकरा संगे-संगे मरेवाला लोग के संख्या 1,48,005 हो गईल। एकरा से पहिले बुध का दिने राज्य में कोरोना संक्रमण के 2575 गो नया मामला सामने आइल रहे आ 10 लोग के मौत हो गइल रहे।

पांचवा हफ्ता खातिर कोविड-19 के मामला भी बढ़ल – डब्ल्यूएचओ
दुनिया में कोरोना वायरस के केस भी बढ़ रहल बा। विश्व स्वास्थ्य संगठन के एगो रिपोर्ट के मुताबिक दुनिया भर में लगातार पांचवा सप्ताह कोरोना वायरस संक्रमण के नया मामला बढ़ल। एकरा संगे-संगे संक्रमण के चलते मौत के मामला अपेक्षाकृत स्थिर रहल। संयुक्त राष्ट्र स्वास्थ्य एजेंसी के ओर से कोविड-19 के साप्ताहिक समीक्षा में डब्ल्यूएचओ कहलस कि पछिला सप्ताह संक्रमण के 57 लाख मामला आईल बा, जवना में 6 प्रतिशत के बढ़ोतरी देखाई देता। डब्ल्यूएचओ के महानिदेशक टेड्रोस अधानोम घेब्रेयसस के कहना बा कि ई वायरस अबहियो आज़ादी से घूमत बा आ बहुते देश एह बेमारी से होखे वाला दबाव के प्रभावी ढंग से संभाले में असमर्थ बाड़े.

294880cookie-checkबूस्टर डोज से पहिले बढ़ गईल कोरोना के रफ़्तार, लगातार दूसरा दिन 20 हजार से जादे केस आईल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.