Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: ‘संघ के शाखा के तरे होत रहे पीएफआई के ट्रेनिंग’, पटना एसएसपी के बयान पs भड़कल भाजपा, मंगलस इस्तीफा

भाजपा पिछड़ा वर्ग के राष्ट्रीय महामंत्री आ प्रदेश भाजपा प्रवक्ता निखिल आनंद सख्त टिप्पणी कइलें। ऊ कहले कि आईएएस आ आईपीएस अधिकारियन के राजनीति आ वैचारिक प्रभाव से ऊपर मानल जाला। एहिसे पटना एसएसपी के बयान शर्मनाक बा। एकर निंदा होखे के चाहीं। 

570

प्रेस कॉन्फ्रेंस में का रहे एसएसपी के पूरा बयान?

पटना के एसएसपी पीएफआई दफ्तर पs छापा के लेके मीडिया से बातचीत के दौरान कहले रहस – “एकर जवन मोडस रहे कि ई लोग, जइसे शाखा होला, आरएसएस आपन शाखा ऑर्गेनाइज करेला, आ लाठी के ट्रेनिंग देला, ओही तरे ई लोग शारीरिक शिक्षा के नाम पs नवहन के प्रशिक्षण देत रहे। ओहि के साथे आपन एजेंडा आ प्रोपेगेंडा के माध्यम से  युवकन में ब्रेनवाश करत रहे।”

एसएसपी के बयान पs का बा भाजपा के प्रतिक्रिया

एसएसपी के एही बयान के लेके भाजपा उनका पs निशाना सधले बिया। भाजपा पिछड़ा वर्ग के राष्ट्रीय महामंत्री आ प्रदेश भाजपा प्रवक्ता निखिल आनंद सख्त टिप्पणी कइले। ऊ कहले कि आईएएस आ आईपीएस अधिकारियन के राजनीति आ वैचारिक प्रभाव से ऊपर मानल जाला। पटना एसएसपी के पीएफआई के आरएसएस से तुलना करे वाला बयान शर्मनाक बा। एकर निंदा होखे के चाहीं। एह अधिकारियन के लगे कवनो पूर्वाग्रह आ पूर्वकल्पित धारणा ना होखे के चाहीं। ऊ माफी मांगस आ जदि राजनीति करे के बा तs इस्तीफा देस।”

294340cookie-checkBihar: ‘संघ के शाखा के तरे होत रहे पीएफआई के ट्रेनिंग’, पटना एसएसपी के बयान पs भड़कल भाजपा, मंगलस इस्तीफा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.