Bihar: ‘संघ के शाखा के तरे होत रहे पीएफआई के ट्रेनिंग’, पटना एसएसपी के बयान पs भड़कल भाजपा, मंगलस इस्तीफा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 14, 2022

बिहार के पटना में इस्थित फुलवारीशरीफ में पॉपुलर फ्रंट ऑफ इंडिया (पीएफआई) के दफ्तर पs पुलिस बियफे के छापेमारी के बाद कइयन गो बड़ खुलासा कइले बिया। बाकिर, प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान पटना एसएसपी मानवजीत

Share

प्रेस कॉन्फ्रेंस में का रहे एसएसपी के पूरा बयान?

पटना के एसएसपी पीएफआई दफ्तर पs छापा के लेके मीडिया से बातचीत के दौरान कहले रहस – “एकर जवन मोडस रहे कि ई लोग, जइसे शाखा होला, आरएसएस आपन शाखा ऑर्गेनाइज करेला, आ लाठी के ट्रेनिंग देला, ओही तरे ई लोग शारीरिक शिक्षा के नाम पs नवहन के प्रशिक्षण देत रहे। ओहि के साथे आपन एजेंडा आ प्रोपेगेंडा के माध्यम से  युवकन में ब्रेनवाश करत रहे।”

एसएसपी के बयान पs का बा भाजपा के प्रतिक्रिया

एसएसपी के एही बयान के लेके भाजपा उनका पs निशाना सधले बिया। भाजपा पिछड़ा वर्ग के राष्ट्रीय महामंत्री आ प्रदेश भाजपा प्रवक्ता निखिल आनंद सख्त टिप्पणी कइले। ऊ कहले कि आईएएस आ आईपीएस अधिकारियन के राजनीति आ वैचारिक प्रभाव से ऊपर मानल जाला। पटना एसएसपी के पीएफआई के आरएसएस से तुलना करे वाला बयान शर्मनाक बा। एकर निंदा होखे के चाहीं। एह अधिकारियन के लगे कवनो पूर्वाग्रह आ पूर्वकल्पित धारणा ना होखे के चाहीं। ऊ माफी मांगस आ जदि राजनीति करे के बा तs इस्तीफा देस।”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.