[the_ad_group id="30365"]

कोरोना के चपेट में उत्तर कोरिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर कोरिया में कोरोना वायरस के संक्रमण तेजी से फइल रहल बा। इहाँ कोविड-19 के संक्रमण से अभी तक 50 लोग के मौत हो चुकल बा आ संक्रमित लोग के संख्या दस लाख पार हो गइल बा। रिपोर्ट के मुताबिक किम जोंग उन महामारी प्रतिक्रिया टीम के पूरा तरीका से सक्रिय क देले बाड़े। एकरा संगे-संगे सेना के दवाई बांटे में मदद करे के आदेश दिहल गईल बा।

किम जोंग उन कोरोना के बढ़त मामिला खातिर स्वास्थ्य अधिकारियन के कड़ा आलोचना कइले बाड़न. उ कहले कि महामारी के रोके के प्रयास असफल देखाई देता। खासकर दवाई देवे खातिर दवाई के दुकान 24/7 खुला रखे में नाकाम रहल बा। उ सेना के प्योंगयांग के दवाई के आपूर्ति तुरंत सुनिश्चित करे के आदेश देले।

देश में कोरोना के हालात पर खुद किम नजर राखत बाड़न. साथ ही रोजाना आपातकालीन पोलिटब्यूरो के बइठक में भाग लेत बानी. उ कहले कि कोविड देश में बहुत उथल-पुथल मचा रहल बा। किम निरीक्षण करे खातिर दवाई के दुकानन के दौरा कइलन. उ मंत्रिमंडल अवुरी जनस्वास्थ्य क्षेत्र के गैर जिम्मेदाराना रवैया के लेके कड़ा आलोचना कईले। साथ ही तेजी से काम करे के निर्देश दिहल गइल बा.

उत्तर कोरिया के नेता सरकारी कानूनी निगरानी में चूक के आलोचना भी कईले। उ देश भर में नशा के संचालन अवुरी बिक्री में कई गो नकारात्मक घटनाक्रम के चिन्हित कईले। विशेषज्ञन के कहना बा कि उत्तर कोरिया में दुनिया के सबले खराब स्वास्थ्य प्रणाली बा जवना में अस्पताल, दवाई, केयर यूनिट खराब बा आ जांच खराब बा.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]