[the_ad_group id="30365"]

कोरोना के रोके खातिर घरवे में कैद रहिहें शंघाई के लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में कोरोना के रफ्तार (Corona Cases in China) बेकाबू हो गइल बा। कोरोना के बढ़त मामला चीन की चिंता बढ़ा देहले बा। एही बीचे शंघाई के अधिकारी गुरुवार के कहने कि ओह जिला में भी सख्त प्रतिबंध लागू रही जौन Covid​​​​-19 के प्रसारण के शून्य कइले में कामयाब रहल बानें। ऊ कहने कि शहर भर के अलग-अलग क्षेत्र के बाहर मामला के संख्या दोबारा बढ़ल बा।

दरअसल, एह सप्ताह के पहिले स्वास्थ्य अधिकारियन ओर से मूल्यांकन कइल गइल रहल कि कुछ सामान्य होखले के उम्मीद बा। हाल के दिन में रुझान से पता चलल बा कि शंघाई प्रभावी रूप से कोरोना के प्रसारण पर अंकुश लगवले रहल। एगो नियमित प्रेस कान्फ्रेंस में चोंगमिंग जिले के डिप्टी गवर्नर कहने कि अधिकांश प्रतिबंध के जारी रखल जाई। हालांकि ऊ संगरोध क्षेत्र के बाहर शून्य मामला के सूचना दे देहले बानें। उहवें, उप-गवर्नर झांग जिटोंग कहने कि सुपरमार्केट खरीदारन खातिर बंद रही। बिना मंजूरी के सड़क पर वाहन के अनुमति नाइ होई अउर प्रत्येक घर से बस एक आदमी के चोंगमिंग के कुछ शहर में हर दिन घर से बाहर गइले के अनुमति मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]