विशेष संचारी रोग नियंत्रण अभियान के कइल गइल सुभारंभ

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2022

  पिपरौली-गीडा (दीपक त्रिपाठी): विशेष संचारी रोग नियंत्रण अभियान दस्तक के पिपरौली सीएचसी पs पिपरौली ब्लाक प्रमुख दिलीप कुमार यादव द्वारा सुभारंभ कइल गइल। ई अभियान 2 अप्रिल से 30 अप्रिल ले चली। एह अवसर

Share

 

पिपरौली-गीडा (दीपक त्रिपाठी): विशेष संचारी रोग नियंत्रण अभियान दस्तक के पिपरौली सीएचसी पs पिपरौली ब्लाक प्रमुख दिलीप कुमार यादव द्वारा सुभारंभ कइल गइल। ई अभियान 2 अप्रिल से 30 अप्रिल ले चली। एह अवसर पs पिपरौली ब्लाक प्रमुख फीता काटके विधिवत दस्तक अभियान के सुभारंभ कइले। 1 महीना के एह अभियान में सभे आशा बहु लो, टीवी, एचआईवी जइसन बेमारियन खातिर घरे-घरे जाके लोगन के जागरूक करी लो आ देखी लो कि कहावा पs एह भयंकर बेमारियन के लक्षण लउक रहल बा। एह अवसर पs भाजपा किसान मोर्चा अध्यक्ष विनय कुमार सिंह,अनिल कुमार सिंह, राज गौरव सिंह, मुंशी लाल गुप्ता ,गुंजन पांडेय, अजय श्रीवास्तव, अरुण कुमार गौतम सहित सभे एएनएम,आशा बहु लो आ आउर उपस्थित रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.