संविधान भारत के सबसे पवित्र ग्रंथ: सूर्य प्रकाश मिश्रा 

संविधान दिवस पs कार्यक्रम के भइल आयोजन।

Share

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। युवा कल्याण आ प्रांतीय रक्षक दल विभाग के ओर संविधान दिवस के सुभ अवसर पs विवेकानंद इंटर कॉलेज में भाषण प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। एह दौरान मुख्य अतिथि के रूप में सूर्य प्रकाश मिश्रा उपस्थित रहलें।

भारत के संविधान दुनिया में सबसे बड़

बता दीं कि भारतीय संविधान दुनिया के सबसे बड़ संविधान बा। जवना से तइयार होखे में कुल 2 साल 11 महीना आ 18 दिन लागल रहे। कइयन देसन के संविधान के अधय्यन कइला के बाद भारतीय संविधान के लागू कइल गइल रहे।भारत में हर साल 26 नवंबर के भारतीय संविधान दिवस मनावल जाला।

संविधान दिवस कार्यक्रम में उपस्थित छात्र-छात्रा।
संविधान दिवस कार्यक्रम में उपस्थित छात्र-छात्रा।

अबकी बेर भारतीय संविधान के अपनवले 75 बरिस हो गइल बा। अइसन में अबकी साल देस वासियन खातिर खास बा। हर साल एह दिवस के थीम बदलेला। एह कड़ी में अबकी बेर संविधान दिवस के थीम ‘हमारा संविधान, हमारा स्वाभिमान’ बा।

इहो पढ़ीं: Jharkhand: पीएम मोदी से हेमंत सोरेन आ कल्पना के मुलाकात, बोललें- हमनी के इहां आसिरबाद लेवे आइल बानी सs 

एह दौरान जयप्रकाश, युवक मंगल दल अध्यक्ष राहुल मल्ल, शिवम पांडे, अध्यापक रवि मिश्रा, मिंटू कुमार, रुखसार, लक्ष्मी यादव आदि आउर लोग उपस्थित रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-