Jharkhand: पीएम मोदी से हेमंत सोरेन आ कल्पना के मुलाकात, बोललें- हमनी के इहां आसिरबाद लेवे आइल बानी सs 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2024

नई दिल्ली। झारखंड में एक बेर फेर झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) गठबंधन के सरकार बने वाला बा। झामुमो के जीत के बाद मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन अपना पत्नी कल्पना सोरेन के संगे दिल्ली दौरा पs बाड़ें।

Share

नई दिल्ली। झारखंड में एक बेर फेर झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) गठबंधन के सरकार बने वाला बा। झामुमो के जीत के बाद मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन अपना पत्नी कल्पना सोरेन के संगे दिल्ली दौरा पs बाड़ें। आज ऊ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात कइलें। पीएम मोदी से मिले से पहिले हेमंत आ उनकर पत्नी केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह से मिले संसद भवन पहुंचल रहे लो। बता दीं कि एह महीना भइल विधानसभा चुनाव में झामुमो 81 में से 34 सीटन पs जीत हासिल कइले बिया। ओहिजा, भाजपा के 21, आजसू के एगो, लोजपा रामविलास के एगो, झारखंड लोकतांत्रिक क्रांतिकारी मोर्चा के एगो, जनता दल यूनाइटेड के एगो सीट पs जीत मिलल।

पीएम मोदी से मिलला के बाद हेमंत सोरेन पत्रकारन से बात कइलें। ऊ कहलें, रउआ सभे के नमस्कार। आवे वाला दिनन में आउर बैठक होई। बहुत सारा बात बा। हमनी के आपन सरकार बनावे के ना। हमनी के इहां आसिरबाद लेवे आइल बानी सs।

मल्लिकार्जुन खरगे से भइल हेमंत सोरेन मुलाकात

एकरा पहिले हेमंत सोरेन आ उनकर पत्नी कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे से मिले खातिर उनका आवास पहुंचल रहे लो, जहां ऊ संगही कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ प्रियंका गांधी से मुलाकात कइलें।

कल्पना सोरेन रहली झामुमो खातिर स्टार कैंपेनर

बता दीं कि एह साल हेमंत सोरेन के जेल गइला के दौरान कल्पना सोरेन राजनीति में आपन डेग रखली। विधानसभा चुनाव में झामुमो गठबंधन के जीत के बाद हेमंत सोरेन कल्पना सोरेन के स्टार कैंपेनर कहके संबोधितो कइलें। एतनही ना ऊ झामुमो के जीत के श्रेयो कल्पना के देलें। लोकसभा चुनाव में कल्पना सोरेन के बदौलत झामुमो पांच सीट जीते में कामयाब रहल रहे। हेमंत सोरेन के अनुपस्थिति में कल्पना वन मैन आर्मी के तरह झामुमो के संभरली।

इहो पढ़ीं: गोरखपुर में सड़क किनारे मिलल नवजात लईकी, मां के तलाश जारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.