Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीएम गहलोत के मिलल धमकी : ‘कौनो राजपूत जिंदा होखे त हमके रिवॉल्वर दे सके’

सोशल मीडिया पर लिखलस पोस्ट, गिरफ्तार

124
सीवान इन्शुरेंस 720 90

राजस्थान के जोधपुर में रमजान पs निकालल गइल विवादित बिजली आदेश से एगो आदमी एतना खफा भइल कि सीएम अशोक गहलोत के धमकी दे देहलस। युवक सोशल मीडिया के जरिए सीएम के लेके एगो धमकी भरल पोस्ट कइले बा। मामला सामने अइले पर  पुलिस आदमी के गिरफ्तार कs लेहलस।

पुलिस से मिलल जानकारी के अनुसार आरोपी राकेश सिंह शेखवात 47 साल के बा। ऊ सीकर के रहे वाला बा अउर जोधपुर के एगो फैक्ट्री में काम करत बा। मंगलवार के ऊ सोशल मीडिया पर लिखलस कि ‘कौनो राजपूत जिंदा होखे जौन हमके रिवॉल्वर दे सके, गहलोत के सबक सिखावे के बा’। आरोपी के एह पोस्ट के वायरल भइले के बाद रातानाड़ा थाना पुलिस ओके गिरफ्तार कर लेहलस।

आरोपी राकेश पुलिस से कहलस कि सरकार के दिवाली-नवरात्र पs बिजली कटौती के लेके त कौनो चिंता नाइ होला| रमजान में बिजली नाइ कटे के चाहीं, एह तरे के आदेश देखकर ओके खीस बर गइल अउर सोशल मीडिया पर पोस्ट कs देहलस। ऊ कहलस कि हमार कौनो गलत इरादा नाइ रहल, हमरे लग्गे त कौनो हथियारो नाइ बा।

Middle Yayawari
238610cookie-checkसीएम गहलोत के मिलल धमकी : ‘कौनो राजपूत जिंदा होखे त हमके रिवॉल्वर दे सके’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.