सीवान AK 47 फायरिंग केस में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा समेत आठ पs FIR

Anurag Ranjan
बायां(रईस खान), दायां ( ओसामा शहाब)

सोमार के सीवान में निर्दलीय प्रत्यासी रईस खान पs भइल गोलीबारी के ममिला में दिवंगत पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के बेटा मोहम्मद ओसामा शहाब समेत आठ लोग पs FIR दर्ज भइल बा। ‘खान ब्रदर्स’ के नाव से मशहूर रईस खान हुसैनगंज थाना में केस दर्ज करावत मंगर के साँझ के कहले एह दौरान हम सबसे अगिला गाड़ी पs रही। एह से तेजी से निकल गइनी। पीछे देखनी तs हमरा समर्थकन के गाड़ी पs फायरिंग होत रहे।

ओसामा शहाब के नाव सामने अइला के बाद से इलाका में गोलबंदी तेज हो गइल बा। डॉ॰ मो॰ शहाबुद्दीन साहिब क्लब फैन के फेसबुक पेज पs लिखल गइल बा, ‘भोजपुरी में कहावत बा कि, चढावल ढ़ोल जेतने आछा बाजेला, ओतने जल्दी फटबो करेला। आज एगो बेसहारा पs झूठ-मूठ के लांछन लगावल जा रहल बा आ अपना दिमाग में इ खेयाल बइठा लेले बा कि कवनो तरीका से बदनाम कs के सीवान में हम राज करेम। तs इ सभे के भूल बा, जेकरा संगे हमनी के काल्ह रहनी जा। ओकरा संगे आजो बानी जा, आ बिहनहु रहेम जा। चाहे केहु केतनो राजनीति कs लेव, सीवान में साहेब नइखे बन सकत। ऊपर आला के घर में देर बा, अन्हार ना।’ बता दिहल जाव कि MLC चुनाव में RJD के उम्मीदवार विनोद कुमार जायसवाल के पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के परिवार के समर्थन मिलल बा।

सीवान पहुंच DIG रविंद्र कुमार कइले जांच 

मंगर के साँझ के सारण रेंज के डीआईजी रविंद्र कुमार सीवान पहुंचले। गोलीबारी के ममिला में कहले कि जांच हो रहल बा। अपराधियन के पकड़ के उचित कारवाई कइल जाई।

डीआईजी रविंद्र कुमार

 

एह लोग पs भइल बा एफ़आईआर 

सोमार के साँझ निर्दलीय प्रत्यासी रईस खान आ उनका काफिला पs आधा दर्जन से बेसी अपराधी फायरिंग कs देले रहले सs। घटना तब भइल रहे जब ऊ एमएलसी चुनाव बीत गइला पs शहर के नाया किला कार्यालय से अपना घरे सिसवन के ग्यासपुर जात रहस। एह हमला में एगो जुवक के मौत हो गइल आ 6 लोग घायल भइल।

ओसामा शहाब

हुसैनगंज थाना में दिहल आवेदन में कहल गइल बा कि इ हमला राजनीतिक प्र्तिरोध में कइल गइल बा। एमे मुख्य साजिशकर्ता प्रतापपुर गांव के रहनिहार ओसामा शहाब, नगर थाना क्षेत्र के नाया किला के रहनिहार भुट्टू मिया उर्फ पिस्टल,  सराय ओपी के चांप के मो॰ आफताब, ओरमा के पूर्व मुखिया शाबिर मियां, एमएच नगर थाना के शेखपुरा के मुखिया पति डब्ल्यू खां, महुवल गांव के आजाद अंसारी, आसिफ सिद्दकी आ यूपी के मऊ जिला के मोनु सिंह उर्फ चवन्नी सिंह के नाव बा।

साभार: भास्कर

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।