Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिसार के ‘पुष्पाराज’ गिरफ्तार: कैंटर में छिपा के रखले रहल लाल चंदन के लकड़ी

1513 किलो बा वजन 

175

कुछ दिन पहिले आइल साउथ इंडियन मूवी पुष्पा मे लाल चंदन के तस्करी जइसन अहम मुद्दा के उठावल गइल रहल। फिलिम खूब वाहवाही बटोरलस अउर एकर डायलॉग ‘पुष्पा, मैं झुकेगा नहीं’ नगदे प्रसिद्ध भइल रहल। फिलिम में लाल चंदन के तस्करी करे वाला पुष्पाराज पुलिस के खूब चकमा देत बा लेकिन हिसार के पुष्पाराज पुलिस के हत्थे चढ़ गइल बा।

हिसार सीआइलए टीम मंगाली जाटान गांव से एगो कैंटर से काफी मात्रा में लाल चंदन के लकड़ी बरामद कइले बा। ई लकड़ी कैंटर के अंदर घरेलू सामान के नीचे छिपा के रखले रहल। पकड़ल गइल लकड़ी के वजन 1513 किलोग्राम बा। ई लकड़ी चंदन के मणके बनवले के काम आवेले। पहिलहू काफी मात्रा में इहाँ से चंदन के लकड़ी बरामद हो चुकल बा। आजाद नगर थाना पुलिस चालक धर्मबीर के खिलाफ चोरी, षडयंत्र अउर अन्य धारा के तहत केस दर्ज कइले बा।

सीआईए टीम के एआईएस मांगेराम बतवने कि ओनके गुप्त सूचना मिलल रहल कि मंगाली जाटान गांव में रहे वाला एक आदमी कैंटर में लाल चंदन के लकड़ी लेकर आ रहल बा। सूचना के आधार पर टीम मौका पर पहुंचल अउर कैंटर की तलाशी लेहलस। ओह दौरान टीम कैंटर के अंदर घरेलू सामान के नीचे प्लास्टिक के डिब्बा में लाल चंदन के लकड़ी बरामद कइलस। लकड़ी के छोट-छोट टुकड़ा कइल गइल रहे अउर ओकर वजन 1513 किलोग्राम रहल। पुलिस मौका पs चालक के गिरफ्तार कs लेहलस। आजाद नगर थाना पुलिस आरोपी से पूछताछ कs रहल बा कि कहां से लकड़ी लेकर आवत रहल अउर एमें के-के शामिल बा।

238640cookie-checkहिसार के ‘पुष्पाराज’ गिरफ्तार: कैंटर में छिपा के रखले रहल लाल चंदन के लकड़ी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.