Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

China: ताइवान के आसपास चीन एक महीना में दूसरा बेर कइलस युद्धाभ्यास, ड्रैगन के मंसूबा से गहिर हो रहल बा शक

196

ताइवान के ले के चीन के इरादा ठीक नजर नइखे आवत। अतवार के चीनी सेना ताइवान के आसपास के क्षेत्र में एक बेर फिर युद्धाभ्यास कइलस। ड्रैगन अतवार के एक महीना में दूसरा बेर हवाई अउर नौसैनिक हमला के परीक्षण कइलस।

चीन के पीपुल्स लिबरेशन आर्मी (PLA) अतवार के बयान जारी कs के कहलस कि ओकर पूर्वी थिएटर कमांड ताइवान के खाड़ी में साझा अभ्यास कइलस। एहमें युद्ध के तैयारी, गश्त अउर असल लड़ाई के अभ्यास कइल गइल। ई अभ्यास हवाई अउर समुद्री इलाका में कइल गइल।

पीएलए बयान जारी कs के कहलस कि एह अभ्यास के उद्देश्य देश के सेना के साझा क्षमता के परीक्षण कइल अउर बाहरी ताकत अउर ताइवान के आजादी के समर्थन करे वाला ताकत के भड़कावे वाला कार्रवाई के हर तरह से मुकाबला करे के तैयारी रहल।

चीन पिछले महीना के अंत में भी एही तरह के अभ्यास कइले रहे। तब ताइवान कहले रहे कि 43 चीनी विमान ताइवान खाड़ी के मध्य रेखा के पार कइलस। ई इलाका दूनों देशों के बीच एगो अनौपचारिक बफर जोन (सामरिक दृष्टि से महत्वपूर्ण) हवे।

434300cookie-checkChina: ताइवान के आसपास चीन एक महीना में दूसरा बेर कइलस युद्धाभ्यास, ड्रैगन के मंसूबा से गहिर हो रहल बा शक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.