PM Modi: 17वां प्रवासी भारतीय दिवस के अवसर पs डाक टिकट जारी करिहें मोदी, राष्ट्रपति मुर्मू करिहें अध्यक्षता

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2023

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अगिला हफ्ता इंदौर में आयोजित 17वां प्रवासी भारतीय दिवस के अवसर पs सुरक्षित आ कानूनी प्रवासन खातिर समर्पित एगो डाक टिकट जारी करिहें। प्रधानमंत्री कार्यालय एगो बयान में कहलें, सुरक्षित, कानूनी, व्यवस्थित

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अगिला हफ्ता इंदौर में आयोजित 17वां प्रवासी भारतीय दिवस के अवसर पs सुरक्षित आ कानूनी प्रवासन खातिर समर्पित एगो डाक टिकट जारी करिहें। प्रधानमंत्री कार्यालय एगो बयान में कहलें, सुरक्षित, कानूनी, व्यवस्थित आ कुशल प्रवासन के महत्व के रेखांकित करे खातिर एगो स्मारक डाक टिकट ‘सुरक्षित जाएं, प्रशिक्षित जाएं’ जारी कइल जाई।

एह सम्मेलन के विषय बा ‘प्रवासी

अमृत काल में भारत के प्रगति में विश्वसनीय भागीदार’ रखल गइल बा। लगभग 70 अलग-अलग देस के 3,500 से बेसी प्रवासी सदस्य सम्मेलन के खातिर पंजीकरण करवले बा लोग। सम्मेलन के तीन खंड होई। 8 जनवरी के युवा प्रवासी भारतीय दिवस के उद्घाटन युवा कार्यक्रम आ खेल मंत्रालय के संगे साझेदारी में होई। 9 जनवरी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पीबीडी सम्मेलन के उद्घाटन करिहें। एह दौरान ऊ डाक टिकट जारी करिहें। 10 जनवरी के माननीय राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु प्रवासी भारतीय सम्मान पुरस्कार 2023 प्रदान करिहें आ समापन सत्र के अध्यक्षता करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.