बेतिया। बिहार के पश्चिम चंपारण जिला में सुक के देर रात एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। एनएच-727 पs बेतिया-लौरिया मार्ग में बसवरिया आ पराउटोला के बीच तेज रफ्तार बस सड़क किनारे ऑर्केस्ट्रा देखत लोगन के भीड़ में घुस गइल। एह हादसा में पांच लोग के मौत हो गइल, जबकि पांच लोग घायल बतावल जा रहल बा।
छठिहार समारोह में चलत रहे ऑर्केस्ट्रा
मिलल जानकारी के मोताबिक, सुक के धर्मेंद्र दुबे के घर पs छठिहार समारोह के आयोजन रहे। घर एनएच-727 के किनारे इस्थित बा। समारोह के दौरान घर के बाहर ऑर्केस्ट्रा के कार्यक्रम रखल गइल रहे।
आसपास के लोग सड़क किनारे खड़ा होके ऑर्केस्ट्रा देखत रहे। एह बीच गोरखपुर से बेतिया जा रहल शाही बस अचानक अनियंत्रित होके भीड़ में घुस गइल। बस के चपेट में कइयन गो लोग आ गइल। हादसा के बाद घटनास्थल पs चीख-पुकार मच गइल।
हादसा में पांच लोगन के मौत
प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, हादसा के समय बेतिया के ओर से गैस सिलेंडर लादल एगो ट्रक आवत रहे। ओने, लौरिया के ओर से शाही बस बेतिया के तरफ जात रहे। बतावल जा रहल बा कि बस बहुते तेज रफ्तार में रहे।
एही दौरान बस अनियंत्रित होके सड़क किनारे ऑर्केस्ट्रा देखत लोगन के भीड़ में घुस गइल। हादसा में दूगो लोग के मौत घटनास्थले पs हो गइल, जबकि गंभीर रूप से घायल तीन लोग अस्पताल में इलाज के दौरान दम तुड़ देलें। घटना में घायल पांच लोगन के अस्पताल में इलाज चल रहल बा।
मृतकन के पहचान भइल
हादसा में जान गंवावे वाला लोगन के पहचान संजय महतो, भोला दुबे, बहादुर महतो, देवेंद्र दुबे आ छांगुर राम के रूप में भइल बा। पांच लोगन के मौत के खबर मिलतही परिवार में कोहराम मच गइल।
पुलिस जांच में जुटल
घटना के सूचना मिलतही पुलिस टीम मवका पs पहुंच गइल आ ममिला के जांच सुरू कs देलस। हादसा के बाद घटनास्थल पs स्थानीय लोगन के भीड़ जुट गइल।
प्रारंभिक जांच में बस के तेज रफ्तार आ अनियंत्रित होखल हादसा के संभावित वजह बतावल जा रहल बा। हालांकि, दुर्घटना के सही कारण जांच पूरा भइला के बादे साफ हो पाई।
Read Also: 22 अगस्त 2026 के राशिफल









