सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के पश्चिमी अलास्का में बड़ हादसा हो गइल बा, जहां 8 लोगन के ले जा रहल रिमोट रडार साइट के लगे एगो चार्टर्ड प्लेन क्रैश हो गइल। नेशनल ट्रांसपोर्टेशन सेफ्टी बोर्ड (NTSB) के हवाला से एसोसिएटेड प्रेस (AP) एह विमान हादसा के पुष्टि कइले बा।
घटना के तुरंत बाद मवका पs सर्च ऑपरेशन चलावल जा रहल बा। अलास्का के नेशनल ट्रांसपोर्ट सेफ्टी बोर्ड के अध्यक्ष क्लिंट जॉनसन के अनुसार, विमान में दुगो पायल आ छव गो यात्री सवार रहे लो। ओह लोगन के बारे में अब तक कुछ पता नइखे चल सकल।









