दिनांक- 22/08/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
श्रावण शुक्ल पक्ष
तिथि– दशमी
रात के 02 बजके 00 मिनट ले,
ओकरा बाद एकादशी।
दिन- सनिचर।
ज्येष्ठा नक्षत्र
दिन के 02 बजके 49 मिनट ले,
ओकरा बाद मूल नक्षत्र।
विष्कुम्भ जोग
समस्त।
तैतिल करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 23/08/2026
श्रावण शुक्ल पक्ष
तिथि- एकादशी
भोर के 04 बजके 18 मिनट ले।
दिन- अतवार।
मूल नक्षत्र
दिन के 05 बजके 44 मिनट ले।
विष्कुम्भ जोग
सबेरे के 06 बजके 13 मिनट ले।
वणिज करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज रुकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के नया जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार में फायदा के जोग बा। परिवार में माहौल बढ़िया रही। बेवजह के खरचा से बचीं।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)
आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। नौकरी में अधिकारियन के सहजोग मिली। घर-परिवार में खुसहाली रही। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज मन तनिका परेसान रह सकेला। जरूरी फैसला सोच-समझ के लीं। काम के बोझ बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत के फल जरूर मिली। परिवार के संगे समय बितावल मन के शांति दी।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ पक्ष में रही। रुकल पईसा वापस मिल सकेला। नौकरी-कारोबार में तरक्की के मवका मिली। प्रेम संबंध में नजदीकी बढ़ी। जतरा के जोग बन रहल बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी। कार्यक्षेत्र में राउर काम के प्रशंसा हो सकेला। कारोबार में नया अवसर मिली। आर्थिक लाभ के जोग बा। खीस पs नियंत्रण रखीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज नया योजना पs काम सुरू करे के बढ़िया समय बा। नौकरी में बदलाव के विचार आ सकेला। धन के ममिला में सावधानी जरूरी बा। परिवार के सदस्य के सहजोग मिली।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ सकेला। ऑफिस में महत्वपूर्ण जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार में फायदा होई। दांपत्य जीवन में मधुरता बनल रही। स्वास्थ्य सामान्य रही।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
आज मेहनत जादे करे के पड़ सकेला। विरोधियन से सावधान रहीं। आर्थिक ममिला में जल्दबाजी मत करीं। परिवार में कवनो सदस्य से मतभेद हो सकेला, बातचीत से ममिला सुलझ जाई।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के पूरा साथ मिली। नौकरी में तरक्की के संभावना बा। कारोबार में नया सौदा फायदा दे सकेला। विद्यार्थियन खातिर दिन बढ़िया रही। धार्मिक काम में मन लगी।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज काम के दबाव बढ़ सकेला। महत्वपूर्ण फैसला लेवे से पहिले अनुभवी लोग से सलाह लीं। धन के आवक बनल रही। परिवार में खुसी के माहौल रही। आराम पs धेयान दीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिली। नौकरी करे वाला लोगन के नया मवका मिल सकेला। कारोबार में लाभ के जोग बा। प्रेम संबंध में सकारात्मक बदलाव आई। पुरान संघतिया से भेंट हो सकेला।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। मेहनत के मोताबिक परिणाम मिली। आर्थिक इस्थिति ठीक रही, बाकिर अनावश्यक खरीदारी से बचीं। परिवार के संगे समय बिताईं। मानसिक तनाव कम करे खातिर आराम जरूरी बा।









