Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lucknow Building Collapse: लखनऊ में 4 मंजिला रिहायशी इमारत ढहल, 20 लोगन के दबल होखला के आशंका, राहत के काम जारी

Lucknow Building Collapse: वजीर हसन रोड इस्थित पांच मंजिला अलाया अपार्टमेंट मंगर के देर सांझ अचानक भरभराके बइठ गइल। एह 4 मंजिला इमारत में 12 फ्लैट रहे। हादसा के बाद मलबा में बहुते संख्या में लोगन के दबल होखला के आशंका जतावल जा रहल बा।

932

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के वजीर हसन रोड इस्थित चार मंजिला अलाया अपार्टमेंट मंगर के देर सांझ अचानक भरभराके बइठ गइल। एह पांच मंजिला इमारत में 12 फ्लैट रहे। हादसा के बाद मलबा में 15 से 20 के संख्या में लोगने के दबल होखला के आशंका जतावल जा रहल बा, काहेकि जवना बेरा ई हादसा भइल, ओह घरी इमारत के मरम्मत के काम चलत रहे।

हालांकि, इमारत के ढहला के अंदाजा केहुओ के ना रहे। ई हादसा एकाएक भइल बा। ओहिजा, सूचना मिलला पs मवका पs एसडीआरएफ, एनडीआरएफ आ फायर ब्रिगेड के टीम पहुंच गइल, जवन बचाव कार्य में जुटल बा।

राहत कार्य में जुटल बचाव टीम अब तक 9 घायलन के बाहर निकाल लेले बा, जेकर हालत नाजुक बनल बा। एने, हादसा के खबर मिलतही उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक घटनास्थल पs जा पहुंचल। राहत आ बचाव के काम तेजी से चल रहल बा आ घायलन के अस्पताल पहुंचावल गइल।

लोगन के बचावल हमरा खातिर बड़ चुनौती: उप मुख्यमंत्री

उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक हादसा के जानकारी देत बतवलें कि बिल्डिंग चार मंजिला रहे। ढहल इमारत के मलबा से सात लोग निकालल गइल बा, जेकरा के अचेत अवस्था में सिविल अस्पताल के ट्रामा सेंटर में भेजल गइल बा। ऊ कहलें कि अभी सबसे बड़ चुनौती लोगन के बचावल बा, बाकिर अभी ई अनुमान लगावल मुश्किल बा कि मलबा में केतना लोग फंसल बा।

बेसमेंट बनावे के चल रहल बा काम

उप मुख्यमंत्री के अनुसार, बिल्डिंग में कइयन परिवार रहत रहे। इमारत में बेसमेंट बनावे के काम चलत रहे, जेकरा के लेके ड्रिलिंग कइल गइल रहे। सांझ के काम बंद होखला के बाद लगभग सात बजे बिल्डिंग ढह गइल। पाठक कहलें कि उनका जइसही हादसा के सूचना मिलल, ऊ तुंरत एसडीआरएफ, एनडीआरएफ आ पुलिस के राहत कार्य के निरदेस देले आ ऊ खुद मवका पs पहुंचले।

सूचना मिलला पs प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एसडीआरएफ आ एनडीआरएफ के टीमन के राहत आ बचाओ कार्य तेज करे के निरदेस देले बाड़े। हादसा पs दुख जतावत मुख्यमंत्री योगी घायलन के शीघ्र स्वस्थ होखे के कामना कइले बाड़े।

कुल सात लोग घायल मिलल

अब तक के अपडेट के अनुसार, इमारत में पिलर के मरम्मत आ बेसमेंट बनावे के काम कइल जा रहल। ओहिजा घायलन में एगो बच्चा सामिल बा, जेकरा के फौरन अस्पताल पहुंचावल गइल।

कहीं भूकंप वजह तs नइखे 

गौर करे आला बात कि अलाया अपार्टमेंट हादसा से तकरीबन पांच घंटा पहिले नेपाल से लेके उत्तर भारत के कइयन इलाकन में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। बतावल गइल बा कि एह भूकंप के कारण मरम्मत हो रहल इमारत में दरार आ गइल रहे। एकरा चलते एह इमारत हादसा में भूकंपो के कारक मानल जा रहल बा। हालांकि, हादसा कवना कारण ई अभी जांच k विषय बनल बा। फिलहाल, राहत काम जारी बा।

444660cookie-checkLucknow Building Collapse: लखनऊ में 4 मंजिला रिहायशी इमारत ढहल, 20 लोगन के दबल होखला के आशंका, राहत के काम जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.