मशरक पूरब टोला गांव में आग लगला से पलानी जरके राख

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 21, 2023

मशरक (सारण)/प्रितम कुमार सिंह: मशरक नगर पंचायत क्षेत्र के वार्ड-6 में आग लगला से पलानी जरके राख होखला के ममिला सुक के सामने आइल। ओहिजा आग लगला से पलानी जरके राख हो गइल बा। एहमें

Share

मशरक (सारण)/प्रितम कुमार सिंह: मशरक नगर पंचायत क्षेत्र के वार्ड-6 में आग लगला से पलानी जरके राख होखला के ममिला सुक के सामने आइल। ओहिजा आग लगला से पलानी जरके राख हो गइल बा। एहमें पलानी समेत पलानी में रखल कपड़ा, बिछावन आ खाये पीये के सामान जरके राख हो गइल।

अग्निकांड पीड़ित सुरेन्द्र कुमार महतो पिता रामपत महतो बतवले कि पलानी में अचानके आग के लपट उठे लागल। सब लोग जब तक आग पs काबू पाइत तब तक आग विकराल रूप धारण कs लेलस आ पलानी समेत सब कुछ जराके राख कs देलस। अग्निकांड पीड़ित बतवलें कि आग से खाये पीये के सामान आ कपड़ो जरके राख हो गइल बा। जवना कारण उनका सामने आर्थिक तंगी के स्थिति आ गइल बा। ममिला में सीओ के एगो सहायता पत्र दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.