[the_ad_group id="30365"]

Dhanbad: आशीर्वाद टॉवर में लागल भीषण आग; बियाह के खुशी मातम में बदलल, 14 के मौत, CM ट्वीट कs के जतवलें दुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धनबाद के आशीर्वाद अपार्टमेंट में मंगर के सांझ भीषण आग लाग गइल। हादसा में झुलसला से अब तक 14 लोगन के जान जा चुकल बा। एकरा अलावे दु दर्जन से बेसी लोग गंभीर रूप से जख्मी हो गइल बा। एह बात के आशंका जतावल जा रहल बा कि मृतकन के संख्या में इजाफा हो सकत बा।

मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन जतवलें शोक

हादसा के बारे में मुख्यमंत्री हेमंत सोरन जानकारी देत ट्वीट करत लिखलें कि धनबाद के आशीर्वाद टावर अपार्टमेंट में आग लगला से लोगन के मृत्यु बहुते आहत करे वाला बा।

जिला प्रशासन द्वारा युद्ध स्तर पs काम कइल जा रहल बा आ हादसा में घायल लोगन के उपचार उपलब्ध करावल जा रहल बा। हम खुद पूरा ममिला के देख रहल बानी।

परमात्मा दिवगंत आत्माओं को शांति प्रदान कर शोकाकुल परिवारों को दुःख की विकट घड़ी सहन करने की शक्ति दे। घायलों को शीघ्र चिकित्सा उपलब्ध कराने के लिए हर संभव कार्य किया जा रहा है।


हादसा पs दुख जतावत मुख्यमंत्री एगो आउर ट्वीट करत लिखलें कि परमात्मा दिवगंत आत्मा के शांति प्रदान कs के शोकाकुल परिवारन के दुःख के विकट घड़ी सहे के शक्ति देस। घायलन के तुरंत चिकित्सा उपलब्ध करावे खातिर हर संभव काम कइल जा रहल बा।

मृतकन के संख्या बढ़ला के आशंका

आशंका जतावल जा रहल बा कि मृतकन के संख्या अभी आउर बढ़ सकत बा। घायलन के पाटिलिपुत्र नर्सिंग होम आ एसएनएमसीएच में इलाज चल रहल बा। फायर ब्रिगेड के टीम बड़ मशक्कत के बाद अपार्टमेंट में लागल आग बुझावे में सफलता पवलस।

अब तक तीन लईकन, दस महिला आ एगो व्यक्ति के भइल मौत

आग लगला से अपार्टमेंट में भगदड़ मच गइल। लोग ने भागे के कोसिस कइलस बाकिर आग काल बनके उनका पs टूट पड़ल। एह हादसा में एक व्यक्ति, तीन बच्चा आ दस महिला लोगन के अब तक जान जा चुकल बा। हादसा में पाटिलपुत्र नर्सिंग होम में 18 घायलन के भर्ती करावल गइल रहे आ 14 शव एसएनएमसीएच में भेजल गइल बा।

अपार्टमेंट के सुबोध श्रीवास्तव के बेटी के बियाह में जुटल रहे लोग

प्रत्यक्षदर्शी लोग बतावल कि जवना अपार्टमेंट में आग लागल बा, ओमे रहे वाला सुबोध श्रीवास्तव के बेटी के बियाह रहे। बियाह के समारोह में भाग लेवे खातिर बाहरो से लोग आइल रहे। कोडरमा से बारात आवे वाला रहे। परिवार समेत अपार्टमेंट के लोग बियाह के तइयारी में लागल रहे।

जरत दीया कालीन पs गिरला से लागल आग

एही दौरान निचला फ्लोर में रहे वाला पंकज अग्रवाल के घरे जरत दीया कालीन पs गिर गइल। कुछे देर में कालीन आग पकड़ लेलस। आग भड़कत गइल आ देखते देखत ऊपर के मंजिल के अपना चपेट में ले लेलस। आग लगतही लोगन में भगदड़ मच गइल। लोग भागे के कोसिस कइल लेकिन आग काल बनके ओह लोग पs टूट पड़ल।

कुछ दिन पहिलही हाजरा अस्पताल में लागल रहे आग

बता दीं कि कुछे दूर पs इस्थित हाजरा अस्पताल में तीन दिन पहिले आग लगला से डॉक्टर दंपती समेत पांच लोगन के दम घुटला से मौत हो गइल रहे। ओकरा बाद अब ई हादसा हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]