Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BIHAR: वैशाली में पंजाब नेशनल बैंक के गोरौल शाखा में लागल आग, धू-धू कs के जरल ब्रांच, पहुंचल पुलिस के टीम के

हादसा के खबर लागते दमकल के गाड़ी रवाना कइल गइल, आग पs काबू पावे में करे के पड़ल बहुते मशक्कत करे के पड़ल...

465
सीवान इन्शुरेंस 720 90

बिहार के वैशाली में पंजाब नेशनल बैंक के भीतरी भीषण आग लागल बा। वैशाली के गोरौल में ई हादसा भइल बा। सनिचर के देर रात अचके बैंक के भीतर से आग के लपट तेजी से बाहर निकले लागल। देखते-देखत बैंक धू-धू कs के जरे लागल। आग के सूचना लोग फायर बिग्रेड के देलस जवना के बाद दमकल के टीम बहुते मेहनत का बाद आग पs काबू पवलस। आग लागला के वजे अभी पता नईखे चल सकल बाकिर शाखा के भीतरी लाखन के नुकसान आ कागजात आ उपकरणन् के हानी भइल बा।

आग लगला के सूचना तुरंते फायर बिग्रेड के दिहल गइल। जवना के बाद दमकल के टीम मवका पs पहुंचल। कड़ा मशक्कत के बाद आग पs काबू पावल गइल। बाकिर एतने देर में बैंक के अंदर सब कुछ जर के राख हो गइल रहे। बैंक खुले के इंतजार कइल गइल तब जाके जानकारी सोझा आ सकल कि केतना नुकसान भइल बा।

मीडिया रिपोर्ट के मोतबिक, आग लगला के वजे से लाखन रुपिया के उपकरण जर गइल बा। बाकिर अइसन सक बा कि शॉट सर्किट का वजे से आग लागल बा। बतावल जा रहल बा सनिचर के डेर रात 1 बजे ई घटना घटल। स्थानीय लोग जब आग के लहोका देखल तs एकर सूचना के थाना के दिहल।

Middle Yayawari

साभार: प्रभात खबर

242400cookie-checkBIHAR: वैशाली में पंजाब नेशनल बैंक के गोरौल शाखा में लागल आग, धू-धू कs के जरल ब्रांच, पहुंचल पुलिस के टीम के

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.