Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मुजफ्फरपुर जंक्शन पर जननायक एक्सप्रेस के इंजन भइल बेपटरी

ट्रेन में सवार रहने सैकड़ों यात्री, बड़ हादसा टलल, मचल रहल अफरातफरी

170

अमृतसर से दरभंगा जा रहल 15212 जननायक एक्सप्रेस के इंजन अचानक से मुज़फ़्फ़रपुर जंक्शन पर बेपटरी हो गइल। घटना जंक्शन के प्लेटफॉर्म संख्या 1 पर खुलने के बाद भइल। एह दौरान यात्रियन में चीख-पुकार मच गइल। लोग ट्रेन से उतर कर प्लेटफार्म की ओर भाग गइल। घटना के जानकारी मिलतही आरपीएफ अउर जीआरपी समेत रेलवे के अन्य अधिकारी मौका पर पहुंचने। जेकरे बाद इंजन के पटरी पर लावे खातिर कड़ मशक्कत करे के पड़ल।

जानकारी के अनुसार अमृतसर-दरभंगा जननायक एक्सप्रेस करीब ढाई घंटा देरी से मुज़फ़्फ़रपुर जंक्शन पहुंचल रहे। ओके प्लेटफार्म संख्या 1 पर खड़ा कइल गइल रहल। 10 मिनट रुकले के बाद सिग्नल देहल गइल। जेकरे बाद ट्रेन आगे बढ़े लागल। तनी दूर जइतही इंजन के लग्गे तेज आवाज भइल। फिर, ट्रेन झटका दे के रुक गइल। एह दौरान ट्रेन में सैकड़ों यात्री सवार रहने। बतावल जाता कि एह दौरान बोगी के भीतर बैठे यात्रियन में अफरातफरी मच गइल। यात्री हल्ला हंगामा कइले। जेकरे बाद रेलवे के कर्मी ओ सभन के समझवने।

बतावल गइल कि करीब दो घंटे बाद दूसर इंजन ट्रेन में लगाके ओके रवाना कइल गइल। उहवें बेपटरी भइल इंजन के बिहाने करीब 6 बजे हटावल गइल। एन्ने, ECR के CPRO बीरेंद्र कुमार बतवने कि बिहाने करीब 3 बजे इंजन बेपटरी भइल रहल। दूसर इंजन लगवा के ट्रेन के रवाना कइल गइल। केहू हताहत नाइ भइल बा। इंजन के वापस से पटरी पर ले आइल गइल बा।

241690cookie-checkमुजफ्फरपुर जंक्शन पर जननायक एक्सप्रेस के इंजन भइल बेपटरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.