Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार राजनीति : अब तेजस्वी लीहें लालू के जगह पार्टी के हर फैसला

विधानमंडल पार्टी के बैठक में लिहल गईल फैसला

362

राष्ट्रीय जनता दल (राजद) में अब तेजस्वी यादव लालू प्रसाद के जगह पार्टी के हर फैसला करीहे। माने कि तेजस्वी यादव अब राजद में जवन फैसला करीहे उ सभके मान लीही। राबड़ी आवास प भईल विधानमंडल पार्टी के बैठक में लालू प्रसाद यादव के सोझा ए बड़ फैसला के घोषणा कईल गईल।

सब विधायक हाथ उठा लिहले

बताईं कि मंगल का दिने लालू प्रसाद यादव राजद के विधानमंडल पार्टी के सगरी विधायकन का लगे हाथ उठा के पूछले कि अगर तेजस्वी यादव कवनो फैसला करीहें त का रउरा एह पर सहमत होखब? सभे एह बात के हाँ क दिहलस। फेर पूछल गइल कि तेजस्वी यादव पर भरोसा बा कि ना? एकरा खातिर सभे मान गईल।

राजद विधायक आलोक मेहता इ प्रस्ताव लेके आईल रहले

राजद के राष्ट्रीय प्रधान महासचिव आ विधायक आलोक मेहता के ओर से एगो प्रस्ताव ले आवल गईल कि तेजस्वी यादव पार्टी से जुड़ल जवन भी नीतिगत फैसला प सहमति बन जाई, तब ए बैठक में मौजूद पार्टी के सभ नेता हाँ कहले।

अब तेजस्वी के राजद अध्यक्ष बनावे के मांग बा

असल में लालू प्रसाद यादव बहुत दिन से बेमार बाड़े, एहसे उ पार्टी के नीतिगत फैसला ठीक से नईखन ले पावत। एकरा चलते अब पार्टी के उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी राष्ट्रपति लालू यादव के पार्टी के जिम्मेवारी सौंप देवे के सलाह देले बाड़े। राजद नेता एगो फेसबुक पोस्ट में कहले कि चाहे विधान परिषद होखे चाहे राज्यसभा, इ फैसला करे के आजादी उनुका छोट बेटा तेजस्वी के दिहल जाए।

264550cookie-checkबिहार राजनीति : अब तेजस्वी लीहें लालू के जगह पार्टी के हर फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.