इमरान प्रतापगढ़ी के राज्यसभा उम्मीदवार बनावल गइला के विरोध में महाराष्ट्र कांग्रेस महासचिव देले इस्तीफा

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2022

  इमरान प्रतापगढ़ी के नाम राज्यसभा खातिर आगे बढ़ावते कांग्रेस में रार पैदा हो गइल बा। कइयन गो नेता लो एह फसीला के आलोचना कइल। ओहिजा अब महाराष्ट्र में कांग्रेस महासचिव ने इस्तीफा दे देले

Share

 

इमरान प्रतापगढ़ी को राज्यसभा उम्मीदवार बनाए जाने के विरोध में महाराष्ट्र कांग्रेस महासचिव ने दिया इस्तीफा
इमरान प्रतापगढ़ी के नाम राज्यसभा खातिर आगे बढ़ावते कांग्रेस में रार पैदा हो गइल बा। कइयन गो नेता लो एह फसीला के आलोचना कइल। ओहिजा अब महाराष्ट्र में कांग्रेस महासचिव ने इस्तीफा दे देले बाड़े। इमरान प्रतापगढ़ी के महाराष्ट्र से राज्यसभा के उम्मीदवार बनावल गइल बा। कांग्रेस के महासचिव आशीष देशमुख इस्तीफा दे देले बाड़े।
महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री पृथ्वीराज चव्हाण एह फसीला के लेके नाराजगी जाहिर कइले रहस। उनकर कहनाम बा कि इमरान प्रतापगढ़ी के बजाय मुकुल वासनिक के महाराष्ट्र से राज्यसभा के टिकट दिहल जाये के चाहीं। वासनिक के राजस्थान से चुनाव लड़ावल जा रहल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.