Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में जाति आधारित जनगणना पs सर्वदलीय बइठकी आज, राज्य कैबिनेट के मंजूरी के बाद एह पs सुरु होई अमल

बइठक में आइल सर्वदलीय सुझावन के आधार पs राज्य में जातीय जनगणना करवला के प्रस्ताव कैबिनेट के बैठक में भेजल जाई  राज्य कैबिनेट के मंजूरी के बाद एह पs अमल सुरू होई।

408

पटना. बिहार में जातीय जनगणना के लेके बुध के सर्वदलीय बइठक होई। सीएम सचिवालय इस्थित संवाद में सांझ के चार बजे से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में बैठक होई। बैठक में सब दलन के प्रतिनिधि शामिल होई लो। बइठक में बिहार में जातीय जनगणना कवना तरे करावल जाव, एकर रूपरेखा पs विचार-विमर्श होई। एह संबंध में संसदीय कार्य मंत्री विजय कुमार चौधरी सब दलन के सर्वदलीय बैठक में भाग लेवे के अपील कइले बाड़े। गौर करे आला बात बा कि सब दल के राय से राज्य सरकार एक जून के सर्वदलीय बैठक करावे के फसीला लेले बिया। बैठक में आइल सर्वदलीय सुझावन के आधार पs राज्य में जातीय जनगणना करावल जाये के प्रस्ताव कैबिनेट के बैठक में भेजल जाई। राज्य कैबिनेट के मंजूरी के बाद एह पs अमल सुरू होई।

जातीय जनगणना के मुद्दा पs पूरा ताकत के साथे लड़ी पार्टी : लालू

राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद कहले कि जातीय जनगणना के लड़ाई के अंजाम तक पहुंचावे के बा। राजद के एकर लड़ाई मजबूती आ होशियारी से लडे के बा। एह लड़ाई के भटके नइखे देवे के। हो सकत बा कि कुछ लोग समय के नजाकत के देखत अभी जातीय जनगणना खातिर रजामंद हो जाव। हमनी के ओह मंशा के भांपे के होई। हमनी के सतर्क रहे के होई। राजद सुप्रीमो ई बात मंगर के सांझ के राजद विधानमंडल दल के बैठक के संबोधित करत कहले। लालू पार्टी के नीतिगत निर्णय लेवे खातिर तेजस्वी यादव के अधिकृत कs देले बाड़े।

राजद नेता लालू प्रसाद कहले कि एमएलसी आ सब तरे के चुनावन में एकजुट होके रहे के होई। एकरा खातिर पार्टी के मजबूत करे के होई। ऊ दु टूक कहले कि जातीय जनगणना के मसला पs कवनो तरे के घालमेल ना होखे के चांही। ऊ कहले कि जातीय जनगणना सही ढंग से करावे खातिर राजद के समूचा प्रतिबद्धता के साथे आगे बढ़े के पड़ी। ऊ पार्टी के सदस्यता अभियान के प्रभावी ढंग से चलावे के कहले। एक करोड़ के लक्ष्य हासिल करे के बा।

हमनी के जातीय जनगणना करा के रहे के बा: तेजस्वी

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि हमनी के जातीय जनगणना करा के रहे के बा। विधानमंडल के एह बैठक में बिहार विधान परिषद में विपक्ष के नेता राबड़ी देवी, प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह, शिवानंद तिवारी , डॉ रामचंद्र पूर्वे, उदय नारायण चौधरी, वृशिण पटेल , तेज प्रताप यादव, आलोक मेहता आदि मौजूद रहे लो।

 

राज्य में जातीय जनगणना करावे पs सहमत बा सब पार्टी के लोग: विजय चौधरी

संसदीय कार्य मंत्री सह शिक्षा मंत्री विजय कुमार चौधरी कहले कि विधानसभा में प्रतिनिधित्व वाला सब दलन के जातीय जनगणना के बैठक में बुध के बोलावल गइल बा। जवन बात अब ले सामने आइल बा, ओकरा अनुसार सब दल जाति आधारित जनगणना करावे पs सहमत बा। मंत्री विजय कुमार चौधरी कहले कि जातीय जनगणना करावे ला हमनी के विधानसभा से दु बेर सर्वसम्मति से प्रस्ताव पारित कs के केंद्र सरकार के भेजले रहनी सs। संगही सर्वदलीय प्रतिनिधिमंडल मुलाकात करे गइल रहे। केंद्र बतावलस कि अब देरी हो गइल बा, चीज बहुत आगे बढ़ गइल बा। अब ओकर फॉर्मेट बदलल संभव नइखे। केंद्र सरकार जातीय जनगणना करावे में असमर्थता व्यक्त करत इहो कहलस कि अगर कवनो राज्य सरकार चाहे, तs अपना स्तर से एकरा के करा सकेले।

264470cookie-checkबिहार में जाति आधारित जनगणना पs सर्वदलीय बइठकी आज, राज्य कैबिनेट के मंजूरी के बाद एह पs सुरु होई अमल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.