भुला गइल बानीं अपने फोन के पासवर्ड, त जानीं कइसे क सकेनी अनलॉक

Khabar Bhojpuri Desk
- Sponsored Ads-

स्मार्टफोन एह समय हमनी के जिनगी के बडिए अहम हिस्सा बन चुकल बा। एमें तनिको कुछ हो जाए चाहे तनीं देर फोन न चले त हमनी के परसान हो जानी के। फोन में ढेर खान पर्सनल चीज होखले के चलते आजकल सब लोग फोन में पासवर्ड लगाके रखेने। लेकिन का होई अगर रउआ Password/Pattern/Pin लगाके भुला जानी.. अइसन भइले पs फोन लॉक हो जाई अउर आप आपन फोन यूज नाइ कs पाएब। अइसे में लोग मोबाइल शॉप चाहे स्टोर ओर जाई अउर ऊ आपके परसानी के फायदा उठाके आपसे मोटहन रकम अइठ लेवे ने सब। लेकिन अब आपके कौनो पइसा खर्च कइले के जरूरत नाइ बा अउर कहीं गइलहूँ के जरूरत नाइ बा। हम आपके आजु अइसन तरीका बता रहल बानी, जेसे आप घर बइठल आपन स्मार्टफोन अनलॉक कs सकब,

Google Device Manager के जरिए अइसे करीं अनलॉक
एह खातिर जरूरी बा कि फोन में इंटरनेट चल रहल होखे, गूगल अकाउंट लॉगिन होखे और GPS ओपन होखे। संगही हो सकsला ई तरीका आपके फोन खातिर काम ना करीं।
स्टेप 1: कौनो दूसरे फोन चाहे कंप्यूटर से google.com/android/devicemanager पर जाईं।
स्टेप 2: अपने Google अकाउंट में साइन इन करीं।
स्टेप 3: उस फ़ोन को सिलेक्ट करीं जेके आप अनलॉक कइल चाहतनीं।
स्टेप 4: ‘लॉक’ ऑप्शन चुनीं। आपन नया पासवर्ड टाइप करीं।
स्टेप 5: अब आपके फोन के स्क्रीन पs पासवर्ड पूछल जाई। नया पासवर्ड डरने से फोन अनलॉक हो जाई।

- Sponsored Ads-

Android यूजर्स ऐसे करें Factory Resetting
जब कौनो तरीका काम न करे त आखिरी तरीका फोन के रिसेट कइले के रह जाला। आप फोन के लॉक रहत एके फैक्ट्री रिसेट कs सकेनीं।
स्टेप 1: आपन फ़ोन स्विच ऑफ करीं अउर कम से कम एकाद मिनट इंतजार करीं।
स्टेप 2: अब पावर बटन अउर वॉल्यूम डाउन बटन के एक साथ दबा के रखीं।
स्टेप 3: एसे ई फोन रिकवरी मोड में आ जाई। अब factory reset ऑप्शन चुनीं।
स्टेप 4: फोन के पूरा तरे क्लीन कइले खातिर Wipe Cache के ऑप्शन चुनीं।
स्टेप 5: एक मिनट इंतजार करीं अउर आपन फोन चालू करीं|
स्टेप 6: अब आप पासवर्ड डरले बिना अपने डिवाइस के एक्सेस कs पाएब।

 

 

- Sponsored Ads-

Share This Article