Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फेसबुक से गायब हो गइल डार्क मोड फीचर

570

एप्पल आईओएस 13 के  संगे आपन आईफोन आ आईपैड पs डार्क मोड पेश कइलस आ एक साल के बाद 2020 में मेटा फेसबुक के वेब-बेस्ड प्लेटफॉर्म आ एकर एंड्राइड आ आईओएस प्लेटफॉर्म पs एह सुविधा खातिर सपोर्ट सुरु कइलस, बाकिर अब ई डार्क मोड कुछ उपभोक्ता के लगे से गायब हो गइल बा।

ई दिक्कत फेसबुक के आईओएस बेस्ड ऐप पs आ रहल बा। एकर मतलब ई भइल कि फेसबुक आईओएस बेस्ड एप से ना खाली उ फीचर गायब बलुक एहपर उ विक्लप नइखे जवना से एह फीचर के सुरु कइल जा सके। असल में, फेसबुक उपभोक्तन के ओह लो के आईफोन आ आईपैड पs चमकदार स्क्रीन लउकत बा।

263010cookie-checkफेसबुक से गायब हो गइल डार्क मोड फीचर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.