Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खीरा के रस के फायदा : रोज खीरा के रस के सेवन करीं, आपके इ 5 अद्भुत फायदा मिली

खीरा के रस के फायदा : शरीर के गर्मी अउरी पानी के कमी से बचावे खातीर हमनी के अयीसन खाद्य अउरी पेय पदार्थ के सेवन करेनी, जवन कि हमनी के शरीर के हाइड्रेटेड राखेला। काहे कि डिहाइड्रेशन के चलते शरीर के बहुत समस्या से गुजरे के पड़ेला।

289

खीरा के रस के फायदा : रोज खीरा के रस के सेवन करीं, आपके इ 5 अद्भुत फायदा मिली

खीरा के रस के फायदा : शरीर के गर्मी अउरी पानी के कमी से बचावे खातीर हमनी के अयीसन खाद्य अउरी पेय पदार्थ के सेवन करेनी, जवन कि हमनी के शरीर के हाइड्रेटेड राखेला। काहे कि डिहाइड्रेशन के चलते शरीर के बहुत समस्या से गुजरे के पड़ेला।

खीरा के रस के फायदा : गर्मी के मौसम में खीरा के सेवन से स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद मानल जाला। हमनी के धीरे-धीरे गर्मी के ओर बढ़ रहल बानी जा। आ जइसे-जइसे गर्मी के मौसम नजदीक आवत जाला, हमनी के सब केहू हेल्दी ड्रिंक के ओर अधिका झुकेनी जा। शरीर के गर्मी अउरी पानी के कमी से बचावे खातीर हमनी के अयीसन खाद्य अउरी पेय पदार्थ (समर ड्रिंक) के सेवन करेनी, जवन कि हमनी के शरीर के हाइड्रेटेड राखेला। काहे कि डिहाइड्रेशन के चलते शरीर के बहुत समस्या से गुजरे के पड़ेला। निर्जलीकरण से बचे खातिर आप खीरा के रस के सेवन क सकतानी। खीरा के रस के सेवन से शरीर के बहुत समस्या से बचावल जा सकता। काहे कि विटामिन ए, विटामिन के, फाइबर अउरी प्रोटीन जईसन तत्व खीरा में पावल जाला।

 

 खीरा के रस पीने के फायदे-

 1. डिहाइड्रेशन

गर्मी में निर्जलीकरण से बचे खातिर आप रोज खीरा के रस के सेवन क सकतानी। काहे कि खीरा में पानी के मात्रा बहुत जादा होखेला, जवना से शरीर में निर्जलीकरण के रोकल जा सकता।

2. पाचन 

अगर आप पाचन अउरी कब्ज जईसन समस्या से परेशान बानी त आप खीरा के आहार में शामिल क सकतानी। खीरा के रस के सेवन से पेट फूलल, एसिडिटी जईसन समस्या में राहत मिल सकता।

 

3. वजन घटावे में

खीरा कम कैलोरी वाला खाना ह जवन वजन कम करे में मददगार होखेला। अगर आप वजन कम कईल चाहतानी त आप अपना आहार में खीरा के सलाद चाहे जूस के शामिल क सकतानी।

4. प्रतिरक्षा

खीरा में कई प्रकार के विटामिन पावल जाला जवन प्रतिरक्षा बढ़ावे में मदद क सकता। मजबूत प्रतिरक्षा शरीर के बहुत संक्रमण अउरी वायरल फ्लू से बचावे में मदद क सकता।

 

5. ब्लड प्रेशर

खीरा के रस के सेवन ब्लड प्रेशर के मरीज खाती फायदेमंद होखेला। काहे कि खीरा में मैग्नीशियम नाम के एगो तत्व पावल जाला जवन हाई ब्लड प्रेशर के मरीज खातिर बहुत फायदेमंद होला।

 

अस्वीकरण: ई खाली सलाह सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे| अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ आ अपना डॉक्टर से सलाह लीं | खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत|

467220cookie-checkखीरा के रस के फायदा : रोज खीरा के रस के सेवन करीं, आपके इ 5 अद्भुत फायदा मिली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.