[the_ad_group id="30365"]

Bank Holidays August 2026 : अगस्त में 14 दिन बंद रही बैंक, जरूरी काम खातिर पहिले देखीं छुट्टी के पूरा लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। जदि रउआ अगस्त 2026 में बैंक से जुड़ल कवनो जरूरी काम निपटावे के सोचत बानी, तs बैंक जाये से पहिले छुट्टी के लिस्ट जरूर देख लीं। भारतीय रिजर्व बैंक के बैंक हॉलिडे कैलेंडर के मोताबिक, अगस्त महीना में अलग-अलग राज्यन में बैंक कुल 14 दिन बंद रही।

एह छुट्टी में अतवार, दूसरका आ चउथा सनिचर के अलावे कइयन गो क्षेत्रीय आ धार्मिक परब के अवकाश सामिल बा। हालांकि, सब छुट्टी पूरा देस में लागू ना होई। कुछ बैंक अवकाश खाली संबंधित राज्य भा क्षेत्र में मान्य रही। एकरा से बैंक शाखा जाये से पहिले अपना राज्य के छुट्टी के जानकारी जरूर जांच लीं।

अगस्त 2026 में एह तारीखन पs बंद रही बैंक

अगस्त 2026 में बैंक 2, 4, 8, 9, 13, 15, 16, 19, 22, 23, 25, 26, 28 आ 30 अगस्त के बंद रही। एमे कइयन गो छुट्टी स्थानीय परब आ खास अवसर के कारण बा।

अगस्त 2026 बैंक छुट्टी के पूरा लिस्ट

तारीख छुट्टी भा अवसर संबंधित राज्य
4 अगस्त केर पूजा त्रिपुरा
8 अगस्त तेन्दोंग ल्हो रम फाट सिक्किम
13 अगस्त देसभक्त दिवस मणिपुर
15 अगस्त स्वतंत्रता दिवस पूरा देस
19 अगस्त महाराजा बीर बिक्रम किशोर माणिक्य बहादुर जयंती त्रिपुरा
25 अगस्त मिलाद-उन-नबी, पहिला ओणम, मिलाद-ए-शरीफ केरल आ आंध्र प्रदेश
26 अगस्त ईद-ए-मिलाद, बारावफात, थिरुवोणम यूपी, बिहार, झारखंड, दिल्ली सहित कइयन गो राज्य
28 अगस्त रक्षाबंधन, पांग-लहाबसोल, श्री नारायण गुरु जयंती आ अय्यनकाली जयंती यूपी, राजस्थान, गुजरात, मध्य प्रदेश, उत्तराखंड सहित कइयन गो राज्य

अगस्त में वीकेंड के कारण 7 दिन बंद रही बैंक

अगस्त 2026 में वीकेंड के चलते कुल 7 दिन बैंक बंद रही। 2, 9, 16, 23 आ 30 अगस्त के अतवार के साप्ताहिक छुट्टी रही। एकरा अलावे 8 अगस्त के दूसरा सनिचर आ 22 अगस्त के चउथा सनिचर के बैंक शाखा बंद रही।

बैंक बंद रही, बाकिर ऑनलाइन सेवा चालू रही

बैंक शाखा बंद रहला के बादो ग्राहकन के घबराये के जरूरत नइखे। छुट्टी के दिन नेट बैंकिंग, मोबाइल बैंकिंग, यूपीआई आ एटीएम सेवा सामान्य रूप से चालू रही। ग्राहक ऑनलाइन पईसा ट्रांसफर, बिल भुगतान आ कइयन गो डिजिटल बैंकिंग काम आसानी से कर सकी।

हालांकि, जदि रउआ के चेक जमा करे, पासबुक अपडेट करावे, कैश से जुड़ल काम भा बैंक शाखा में कवनो जरूरी काम निपटावे के बा, तs छुट्टी के लिस्ट देख के पहिले से योजना बना लीं। एकरा से बैंक पहुंचला के बाद बेमतलब परेसानी ना होई।

Read Also: Share Market Closed : शेयर बाजार में जोरदार तेजी, IT आ मेटल शेयरन से सेंसेक्स-निफ्टी के मिलल उड़ान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]