अयोध्या। राम मंदिर चंदा चोरी ममिला में जांच के तेज करे खातिर नया विशेष जांच टीम के गठन कइल गइल बा। उत्तर प्रदेश सरकार सुप्रीम कोर्ट में एह बात के जानकारी देलस। सरकार के ओर से पेश सॉलिसिटर जनरल तुषार मेहता बतवलें कि चढ़ावा चोरी ममिला के निष्पक्ष आ गहराई से जांच खातिर चार सदस्यीय एसआईटी बनावल गइल बा। एह टीम के नेतृत्व आईजी किरण एस करिहें।
सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई के दौरान सॉलिसिटर जनरल तुषार मेहता बतवलें कि राम मंदिर चंदा चोरी ममिला के जांच अब नया एसआईटी करी। सरकार के कहनाम बा कि जांच में पूरा पारदर्शिता रखल जाई आ दोषी लोगन पs कानून के मोताबिक कार्रवाई कइल जाई।
चार सदस्यीय SIT में कइयन गो विशेषज्ञ सामिल
सरकार के अनुसार, नया एसआईटी में कुल चार सदस्य सामिल बा लो-
- आईजी किरण एस- एसआईटी प्रमुख
- डीआईजी रैंक के एक अधिकारी
- एसपी रैंक के एक अधिकारी
- एक चार्टर्ड अकाउंटेंट (CA)
चार्टर्ड अकाउंटेंट के सामिल करे के मकसद चंदा आ आर्थिक लेन-देन के गहराई से जांच कइल बतावल जा रहल बा।
आर्थिक लेन-देन पs रही खास नजर
जांच टीम मंदिर के चढ़ावा, हिसाब-किताब, बैंकिंग रिकॉर्ड आ आर्थिक दस्तावेज के बारीकी से जांच करी। जरूरत पड़ला पs संबंधित लोगन से पूछताछ आ दस्तावेज के सत्यापन कइल जा सकेला।
जांच रिपोर्ट के आधार पs होई कार्रवाई
सरकार के कहनाम बा कि एसआईटी अपना जांच रिपोर्ट सुप्रीम कोर्ट आ संबंधित एजेंसी के सउपला के बाद आगे के कार्रवाई तय होई। जदि जांच में कवनो अनियमितता भा चोरी के पुष्टि होला तs दोषी लोगन पs सख्त कानूनी कार्रवाई कइल जाई।
Read Also: POCO M8 Power Launch Date : 4 अगस्त के भारत में लॉन्च होई 8000mAh बैटरी वाला दमदार स्मार्टफोन







