28 जुलाई 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 28/07/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि चतुर्दशी

सांझ के 06 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्णिमा।

दिन- मंगर।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराषाढ़ा नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

रात के 11 बजके 33 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/07/2026

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

रात के 08 बजके 05 मिनट ले।

दिन- बुध।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 37 मिनट ले।

प्रीति जोग

रात के 11 बजके 57 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन ऊरजा से भरल रही। नौकरी आ कारोबार में नया मवका मिल सकेला। परिवार के सहजोग मिली। फिजूल खरचा पs नियंत्रण रखीं। सेहत ठीक रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। पुरान रुकल काम पूरा होई। परिवार में खुसी के माहौल रही। निवेश सोच-समझ के करीं। जतरा के जोग बन रहल बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत में सावधानी बरतीं। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। मेहनत के पूरा फल मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

दिन सुभ रही। धन लाभ के संभावना बा। परिवार के लोगन से सहजोग मिली। नया काम सुरू करे खातिर समय बढ़िया बा। तनाव से दूर रहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

सम्मान आ प्रतिष्ठा बढ़ी। नौकरी में तरक्की के संकेत बा। बेयपार में फायदा हो सकेला। जीवनसाथी के सहजोग मिली। खीस पs काबू रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज धैर्य से काम लीं। कवनो जरूरी फैसला जल्दबाजी में मत लीं। पढ़ाई करे वाला विद्यार्थियन खातिर दिन अच्छा बा। आर्थिक ममिला मजबूत रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

रुकल धन वापस मिले के जोग बा। परिवार में सुख-शांति बनी। नौकरी बदलल चाहत बानी तs अच्छा मवका मिल सकेला। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत के फल जरूर मिली। बिजनेस में नया समझौता हो सकेला। जीवनसाथी के संगे समय बितावे के मवका मिली। खरचा बढ़ सकेला।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य राउर साथ दी। धार्मिक कामन में मन लागी। लमहर जतरा के जोग बन रहल बा। नौकरी आ बेयपार दुनो में लाभ के संभावना बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज आर्थिक लाभ हो सकेला। परिवार के संगे संबंध मजबूत होई। नया योजना पs काम सुरू कs सकत बानी। सेहत ठीक रही, बाकिर खानपान पs धेयान दीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

कार्यक्षेत्र में सफलता मिली। अधिकारी लोग रउआ काम से खुस रही। परिवार में सुभ समाचार मिल सकेला। निवेश करे से पहिले सलाह जरूर लीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिली। प्रेम जिनगी सुखद रही। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। मानसिक शांति बनल रही आ आर्थिक इस्थिति बेहतर होई।

Read Also: POCO M8 Power Launch Date : 4 अगस्त के भारत में लॉन्च होई 8000mAh बैटरी वाला दमदार स्मार्टफोन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-