बाबरी छीन लिहल गइल, ज्ञानवापी मस्जिद छीने ना दीहल जाई, पीएम मोदी के चुप्पी तोड़े के चाहीं:

कुमार आशू

WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]
SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (25106) AND type = 4

उत्तर प्रदेश के वाराणसी जिला के ज्ञानवापी मस्जिद परिसर के कड़ा सुरक्षा व्यवस्था के बीच शनिवार के सबेरे फेर से सर्वेक्षण-वीडियोग्राफी के काम शुरू हो गईल। अतवार का दिनो ई जारी रही. ओने ए मामला के लेके एआईएमआईएम के नेता असदुद्दीन ओवैसी के बयान सोझा आईल बा। उ कहले बाड़े कि भाजपा कानून के उल्लंघन करतिया। हमनी से बाबरी छीन लिहल गइल बाकिर हमनी से ज्ञानवापी मस्जिद छीने ना देब.
ज्ञानवापी मस्जिद छीने ना दीहें
पत्रकारन से बात करत एआईएमआईएम के नेता असदुद्दीन ओवैसी कहले कि बाबरी मस्जिद खातिर बहुते रणनीति के इस्तेमाल कइल गइल. एकरा चलते हमनी के बाबरी मस्जिद खो देनी जा। ज्ञानवापी मस्जिद के लेके वाराणसी जिला में भी अइसने प्रक्रिया चल रहल बा। ज्ञानवापी मस्जिद के छीने के कोशिश हो रहल बा बाकिर एहमें सफल ना हो पाई. हम ओह लोग के ज्ञानवापी मस्जिद छीने ना देब. भाजपा प हमला बोलत ओवैसी कहले कि 1991 के एक्ट के सम्मान करे के चाही। भाजपा कानून के पालन नईखे करत। पीएम मोदी के आपन चुप्पी तोड़े के चाही। कांग्रेस प बनल सवाल प उ कहले कि उ पार्टी खतम हो गईल बा।

ज्ञानवापी मस्जिद : परिसर के सर्वे के काम रविवार के जारी रहल

उत्तर प्रदेश के वाराणसी जिला के ज्ञानवापी मस्जिद परिसर के सर्वे-वीडियोग्राफी के काम अतवार का दिने जारी रही. ए मामला के लेके वाराणसी के पुलिस आयुक्त ए सतीश गणेश कहले कि सर्वे के काम शांति से चलल। ना त कवनो पक्ष कवनो बाधा पैदा कईलस। सब कुछ सामान्य बा। हम (पुलिस आयुक्त आ जिला मजिस्ट्रेट) सर्वेक्षण के काम पर बारीकी से नजर रख रहल बानी।

Share This Article