मानिक साहा त्रिपुरा के नाया मुख्यमंत्री चुनल गइले, विप्लव कुमार देव देले रहस इस्तीफा

By Anurag Ranjan

Published on: May 14, 2022

त्रिपुरा (Tripura) के मुख्यमंत्री बिपल्व कुमार देव (Biplab Kumar Deb Resigns) अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़े। केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह (Amit Shah) से भेंट कइला के बाद बिप्लव कुमार देव सनिचर के

Share

त्रिपुरा (Tripura) के मुख्यमंत्री बिपल्व कुमार देव (Biplab Kumar Deb Resigns) अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़े। केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह (Amit Shah) से भेंट कइला के बाद बिप्लव कुमार देव सनिचर के राज्यपाल सत्यदेव नारायण आर्या के आपन इस्तीफा सवप देले। माणिक साहा (Manik Saha New CM of Tripura) उनका जगे त्रिपुरा के नाया मुख्यमंत्री होइहे। बतावल जा रहल बा कि बिप्लव देब त्रिपुरा भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष बनावल जा सकत बाड़े। त्रिपुरा में वर्ष 2023 में विधानसभा के चुनाव होखे आला बा।

बिप्लव देव ट्वीट कइले, ‘डॉ माणिक साहा जी के विधायक दल के नेता चुनल गइला पs बधाई आ शुभकामना। हमरा विश्वास बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी के विजन आ निरतेत्व में त्रिपुरा समृद्ध होई।’ केंद्रीय मंत्री आ त्रिपुरा भाजपा के प्रभारी भूपेंदर यादव बतवले कि बिप्लव देव के निरतेत्व में त्रिपुरा 4 साल में विकास के नाया इबारत लिखले बा।

अमित शाह से मिलले बिप्लव कुमार देव

बिप्लव कुमार देव सुक के नई दिल्ली में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह से मुलाकात कइले रहस। दिल्ली से लवटला के बाद ऊ राज्यपाल से मिलके आपन इस्तीफा सउप देले। बिप्लव कुमार देव के इस्तीफा के बाद कव तरे के अटकल लगावल जाए लागल। बाकिर, निवर्तमान मुख्यमंत्री स्पष्ट कs देले कि पार्टी के आदेश सर्वोपरि बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.