सौरव गांगुली के घर खाना पs पहुंचने गृह मंत्री अमित शाह

By Anurag Ranjan

Published on: May 7, 2022

गृह मंत्री अमित शाह शुक्रवार (छह मई) के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के अध्यक्ष सौरव गांगुली से मुलाकात कइलें। गांगुली के कोलकाता स्थित आवास पर शाह खाना पs पहुँचल रहने। दूनों के एह मुलाकात

Share

गृह मंत्री अमित शाह शुक्रवार (छह मई) के भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के अध्यक्ष सौरव गांगुली से मुलाकात कइलें। गांगुली के कोलकाता स्थित आवास पर शाह खाना पs पहुँचल रहने। दूनों के एह मुलाकात के बाद ई कयास लगावल जाए लागल बा कि गांगुली भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) से जुड़ सकेने। पिछलहूँ साल एह बात के चर्चा रहल लेकिन तब गांगुली भाजपा में गइले से इनकार कs देहले रहने।

शाह से मुलाकात के बाद गांगुली एके शिष्टाचार भेंट बतवने। ऊ कहने कि अमित शाह लमहर समय से उनसे परिचित हवें। ऊ बस मुलाकात करे आइल रहने। शाह के साथ एह दौरान मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के नंदीग्राम में हरावे वाले सुवेन्दु अधिकारी मौजूद रहने।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.